असम के मुख्यमंत्री हिमंत विश्व शर्मा अतवार के ब्रह्मपुत्र नदी पs बनल 12.20 किलोमीटर लंबा पुल के भूमि पूजन कईले। ई पुल सुआलकुची आ पलासबारी के बीच बनावे के बा। एह पुल के भूमिपूजन के दौरान सीएम हिमंत विश्व शर्मा कहले कि इs नदी के दुनो किनारे रहेवाला लोग खातीर एगो परिवर्तनकारी पुल होई। सीएम शर्मा भी एs मौका पs एगो बैठक के संबोधित कईले. उs बैठक में कहले कि जून 2028 ले पुल के निर्माण पूरा करे के लक्ष्य तय कईल गईल बा। लोगन के बीचे आई क्रांतिकारी बदलावसीएम हिमंत विश्व शर्मा कहले कि पुल के एगो हिस्सा में एलिवेटेड कॉरिडोर भी होई ताकि सुआलकुची छोर पs आर्द्रभूमि के नुकसान ना होखे। उs कहले कि, इs पुल ब्रह्मपुत्र नदी के उत्तर अवुरी दक्षिणी किनारे अवुरी उहाँ के लोग के बीच क्रांतिकारी बदलाव ले आई। आशा बा कि एक दिन हर जिला में ब्रह्मपुत्र नदी पs पुल बन जाई, जवना से इs नदी गुजरेले।” एकरा संगे उs कई प्रकार के चल रहल परियोजना पs भी प्रकाश डलले अवुरी अलग-अलग हिस्सा में प्रमुख नदी पs कनेक्टिविटी बढ़ावे के परियोजना के प्रस्ताव देले राज्य के विवरण भी साझा कइले.
ब्रह्मपुत्र नदी पs बनी 12.20 किमी लंबा पुल, CM हिमंत विश्व शर्मा कइले भूमिपूजन
Published on: Dec 8, 2024
असम के मुख्यमंत्री हिमंत विश्व शर्मा अतवार के ब्रह्मपुत्र नदी पs बनल 12.20 किलोमीटर लंबा पुल के भूमि पूजन कईले। ई पुल सुआलकुची आ पलासबारी के बीच बनावे के बा। एह पुल के भूमिपूजन के
Share
Share this article






