Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CISCE Results 2023: आजुए जारी होंइ सीआईएससीई दसवीं आ बारहवीं के नतीजा, अइसे क पाएंब चेक

1,634

 

 

CISCE 10th & 12th Results 2023: काउंसिल फॉर इंडियन स्कूल सर्टिफिकेट एग्जामिनेशंस परीक्षा के रिजल्ट दसवीं आ बारहवीं कक्षा के रिजल्ट जारी करी। रिजल्ट जारी भइला के बाद एह वेबसाइटन पे देखल जा सकेला।

CISCE ISC & ICSE Results 2023 : CISCE (CISEC Results 2023) आजु कक्षा दस आ बारहवीं के रिजल्ट घोषित करी। जे उम्मीदवार सीआईएससीई बोर्ड के दसवीं यानी आईसीएसई आ बारहवीं यानी आईएससी परीक्षा में शामिल भइल बाड़े ऊ रिलीज भइला का बाद बोर्ड के वेबसाइट पे आपन रिजल्ट देख सकेलें। एकरा खातिर केहू एह दुनो में से कवनो भी वेबसाइट पे जा सकेला- cisce.org  आ ciseresults.in. उम्मीदवार समय-समय पे आधिकारिक वेबसाइट पे ताज़ा जानकारी खातीर जांच करत रहेले।

रिजल्ट अईसे जाँच करीं

~रिलीज के बाद रिजल्ट के जांच करे खातिर सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट यानी cisceresults.in या ऊपर दिहल गईल दूसरा वेबसाइट पे जाईं।

~इहाँ जवना क्लास के रिजल्ट देखल चाहत बानी ओकर लिंक पे क्लिक करीं। जइसे कि आईसीएसई रिजल्ट 2023 भा आईएससी रिजल्ट 2023।

~ अइसन कइला पे एगो नया पन्ना खुली। एह पन्ना पे रउरा आपन लॉगिन क्रेडेंशियल्स दर्ज करे के पड़ी। ओह लोग के एंट्री करीं आ एंटर बटन दबाईं।

~ अयीसन कईला से आपके कंप्यूटर स्क्रीन पे एकर नतीजा देखाई दिही।

~इहाँ से चेक करीं, डाउनलोड करीं आ अगर चाहब त प्रिंट आउट भी ले सकेनी।

~ रिजल्ट से जुड़ल कवनो जानकारी पावे खातिर सिर्फ आधिकारिक वेबसाइट पे जाईं।

एही तारीख के परीक्षा भइल रहे

बता दीं कि सीआईएससीई बोर्ड के परीक्षा फरवरी आ मार्च महीना में भइल रहे। दसवीं कक्षा के परीक्षा 27 फरवरी से 29 मार्च 2023 ले भइल जबकि बारहवीं कक्षा के परीक्षा 13 फरवरी से 31 मार्च ले भइल।

 

 

 

544920cookie-checkCISCE Results 2023: आजुए जारी होंइ सीआईएससीई दसवीं आ बारहवीं के नतीजा, अइसे क पाएंब चेक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.