Chitra Tripathi Divorce: 16 साल बाद पति अतुल अग्रवाल से काहें तलाक लेत बाड़ी टीवी एंकर चित्रा त्रिपाठी, सामने आईल इs वजह.!

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2025

टीवी पत्रकारिता के दुनिया से एगो बड़ खबर सामने आईल बा।  सुप्रसिद्ध एंकर चित्रा त्रिपाठी आ वरिष्ठ पत्रकार अतुल अग्रवाल के बीच 16 साल पुरान रिश्ता खतम हो गइल बा.  दुनो आपसी सहमति से तलाक

Share

टीवी न्यूज़ एंकर चित्रा त्रिपाठी आ वरिष्ठ पत्रकार अतुल अग्रवाल

टीवी पत्रकारिता के दुनिया से एगो बड़ खबर सामने आईल बा।  सुप्रसिद्ध एंकर चित्रा त्रिपाठी आ वरिष्ठ पत्रकार अतुल अग्रवाल के बीच 16 साल पुरान रिश्ता खतम हो गइल बा.  दुनो आपसी सहमति से तलाक लेवे के फैसला कईले बाड़े। इs जानकारी खुद चित्रा त्रिपाठी अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs शेयर कईले बाड़ी।

एंकर चित्रा त्रिपाठी तलाक : सोशल मीडिया पs दिहली जानकारी

चित्रा त्रिपाठी एक्स पs लिखले बाड़ी  संगही उs लोग साफ-साफ कहली कि उs लोग एक संगे अपना बेटा के पालन-पोषण करीहे अवुरी एक-दोसरा के परिवार के प्रति सम्मान बनवले राखिहे।

अतुल अग्रवाल सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट लिखले

चित्रा त्रिपाठी के पति अतुल अग्रवाल अपना एक्स अकाउंट पs लिखले –  सोइ जो राम रचि राखा। को करि तर्क बढ़ावै साखा।। अस कहि लगे जपन हरिनामा। गईं सती जहँ प्रभु सखधामा।  सब कुछ बढ़िया बा, भविष्य में भी बेहतर होई।  पत्नी के हर फैसला आज तक भइल बा, तs आज काहे ना?  एह पोस्ट में अतुल भी अपना परिवार आ मित्र लोग के दयालुता आ चिंता खातिर धन्यवाद दिहलन।

तलाक के वजह


बता दीं कि दुनों के रिश्ता में तनाव के खबर 2022 में सोझा आईल रहे, खास तौर पs ओ समय जब अतुल अग्रवाल पs झूठा डकैती के कहानी गढ़े के आरोप लागल रहे। नोएडा पुलिस के जांच में घटना फर्जी पावल गईल, जवना के बाद अतुल अग्रवाल के छवि के नुकसान पहुंचल। एs घटना के बाद ही चित्रा त्रिपाठी तलाक के याचिका दायर कईली। अब दुनो पत्रकार अपना निजी जिनिगी में अलग-अलग दिशा अपनावे के फैसला कईले बाड़े, बाकिर दुनो लोग एक संगे अपना बेटा के पालन-पोषण करत रहीहे।

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ बेहद खूबसूरत आ शालीन एक्ट्रेस ‘वहीदा रहमान’ के Lucky charms रहले ‘गुरु दत्त’

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.