मुख्यमंत्री भजन लाल शर्मा के जान से मारे के धमकी, पॉक्सो एक्ट के आरोपी जेल से कइलस फोन

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 22, 2025

राजस्थान के मुख्यमंत्री भजनलाल शर्मा के एक बेर फेरु जान से मारे के धमकी मिलल बा. भजनलाल शर्मा के जयपुर के पुलिस कंट्रोल रूम में फोन कs के जान से मारे के धमकी दिहल गईल

Share

भजन लाल शर्मा

राजस्थान के मुख्यमंत्री भजनलाल शर्मा के एक बेर फेरु जान से मारे के धमकी मिलल बा. भजनलाल शर्मा के जयपुर के पुलिस कंट्रोल रूम में फोन कs के जान से मारे के धमकी दिहल गईल बा। एकरा से पहिले भी सीएम के जान से मारे के धमकी मिलल रहे। तबहूँ दौसा केन्द्रीय जेल से ही धमकी दिहल जात रहे। अबकी बेर ओही जेल में बंद एगो कैदी फोन कs के सीएम के जान से मारे के धमकी देले बा।

दौसा के सेंट्रल जेल हॉस्टल से जयपुर पुलिस कंट्रोल रूम में फोन कईल गईल। एs दौरान शनिचर (22 फरवरी) के 12 बजे से पहिले सीएम के जान से मारे के धमकी दिहल गईल। एs घटना के बाद दौसा पुलिस जेल में तलाशी अभियान चलावलस। एs दौरान पुलिस के जेल में एगो मोबाइल फोन भी मिलल। 

आरोपी के पॉक्सो एक्ट में बंद बा

मुख्यमंत्री के जान से मारे के धमकी देवे वाला कैदी पोक्सो एक्ट के तहत जेल में बंद बा। एह कैदी के नाम रिंकू रडवा हs जवन 2022 में दौसा सेंट्रल जेल आईल रहली।  लइकन के यौन शोषण से बचावे खातिर पोक्सो एक्ट बनावल गइल बा। छोट बच्चा के यौन शोषण करेवाला अपराधी के एs कानून के तहत कड़ा सजा दिहल जाला। 

जेल प्रशासन पs सवाल उठावल जा रहल बा

इs पहिला मौका नईखे जब राजस्थान के सीएम के जान से मारे के धमकी मिलल बा। एकरा से पहिले भी भजनलाल शर्मा के जान से मारे के धमकी मिलल रहे। खास बात इs बा कि एकरा से पहिले भी फोन पs धमकी दिहल जात रहे अवुरी धमकी देवे वाला के दौसा जेल में बंद कs दिहल जात रहे। ओह घरी भी तलाशी अभियान के दौरान जेल के भीतर एगो मोबाइल फोन मिलल रहे। अब सीएम के खुद जेल से दूसरा बेर जान से मारे के धमकी मिलला के बाद जेल प्रशासन पs सवाल उठता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.