Chandauli News: गर्मी से तीन यात्रियन के मौत के बाद रेलवे विभाग में हड़कंप, 22 अस्पताल में भर्ती; ई बा लक्षण

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 1, 2024

Chandauli News: दू गो टेक्नीशियन आ एगो गार्ड के मौत होने के बाद रेल विभाग में खलबली बा। 30 मई के रात 13553 आसनसोल-बनारस मेमू में संदीहरा थाना शिवसागर जिला रोहतास निवासी सत्येंद्र कुमार 12308

Share

Chandauli News: दू गो टेक्नीशियन आ एगो गार्ड के मौत होने के बाद रेल विभाग में खलबली बा। 30 मई के रात 13553 आसनसोल-बनारस मेमू में संदीहरा थाना शिवसागर जिला रोहतास निवासी सत्येंद्र कुमार 12308 जोधपुर-हावड़ा सुपरफास्ट में वामुंडीह थाना बड़ा बाजार जिला पुरलिया पश्चिम बंगाल निवासी रमेश आ 03635 आनंद विहार टर्मिनल स्पेशल में सफर के दौरान गंगा बिगहा थाना ओबरा जिला औरंगाबाद बिहार निवासी राकेश शर्मा के अचानक तबीयत बिगड़ गइल।

जइसे ट्रेन जंक्शन पs पहुंचल यात्रियन के लोको मंडलीय चिकित्सालय भेजवावल गइल, बाकिर चिकित्सक लो तीनों जाना के मृत घोषित कऽ देले। इस्थिति ई बा कि अस्पताल में गर्मी के चलते 22 मरीज भर्ती बाड़े। उहे रोजाना ओपीडी में लगभग 50 मरीज पहुंच रहल बाड़े। रेल कर्मियन संगे यात्रियन के स्वास्थ्य के लेके रेल प्रशासन गंभीर हाे गइल बा। अधिकारी कर्मियन में ओआरएस घोल के पैकेट वितरित करे के निर्देश देले बाड़े।

लगातार बढ़त पारा के साथे अस्पताल प्रशासनो तइयार 

गर्मी के पारा चढ़त जा रहल बा। तापमान 44 डिग्री के पार पहुंच गइल बा। अइसे में हीटवेव के खतरो बढ़ गइल बा। बुखार, डायरिया, उल्टी, दस्त, पेट में दर्द समेत अन्य तमाम रोगी आवे लागल बाड़न। एह लोग मे भर्तीयो कइल जा रहल बा। अइसे में अस्पताल प्रशासन बेहतर चिकित्सीय सुविधा दिआवे के तइयारी बा। इहाँ दवाइयो के कवनो कमी ना होखे के दावा कइल गइल बा।

ओपीडी के बादो फिजीशियन के ऑन कॉल ड्यूटी लगावल जा रहल बा, ताकि आपातकालीन चिकित्सा विभाग में तत्काल सही चिकित्सीय सलाह मिल सके। एकरा अलावा हीटवेव के मरीजन खातिर मंडलीय चिकित्सालय में बेड के व्यवस्था कइल गइल, ताकि हीटवेव मरीजन के भीड़ बढ़ावे पs ए रोगियन के आसानी से बेड उपलब्ध हो सके। हालांकि, अबही हीटवेव के एको मरीज नइखे आइल।

जदि ई लक्षण होखे तऽ तत्काल चिकित्सक से करीं संपर्क

लोको मंडलीय चिकित्सालय पीडीडीयू मंडल एसीएमओ डा. आरपी सिंह के अनुसार, जतना संभव हो सके, धूप से बचे के प्रयास करीं। जरूरी होखे तऽ धूप में छाता लेके निकलीं। बेसी से बेसी तरल पदार्थ के सेवन करीं। बाहर के खाद्य पदार्थन के सेवन से बचीं। ढीला आ हलका रंग के कपड़ा पहिने। खाना में मौसमी हरी सब्जियन के बेसी से बेसी प्रयोग करीं।

शरीर के तापमान अधिक बढ़ जाए, पसीना ना आए, मांसपेशियन में ऐंठन शुरू हो जाए, चक्कर आवे जइसन समस्या महसूस होखे, अत्यधिक कमजोरी लागे तऽ तत्काल चिकित्सक के सलाह लिहीं, काहेकि, ई लू लगला के लक्षण हो सकेला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.