आरक्षण काउंटर पर सीआईबी के छापा, दलाल भगले सs

By Anurag Ranjan

Published on: May 24, 2022

लार रोड। स्थानीय रेलवे स्टेशन पs टिकट खातिर अतवार के दिने भइल हंगामा के बाद सीआईबी के टीम सोमार के पहुंचल। टीम स्टेशन के टिकट काउंटर पs छापा मरलस। एसे स्टेशन के कर्मचारियन में खलबली

Share

लार रोड। स्थानीय रेलवे स्टेशन पs टिकट खातिर अतवार के दिने भइल हंगामा के बाद सीआईबी के टीम सोमार के पहुंचल। टीम स्टेशन के टिकट काउंटर पs छापा मरलस। एसे स्टेशन के कर्मचारियन में खलबली मच गइल। तत्काल टिकट खातिर खड़ा लोगन के टीम बेयान लेलस। यात्री लो बतावल कि पहिला नंबर होखला के बादो टिकट नइखे मिलत आ कर्मचारियन के मिलीभगत से भीतर से टिकट दे दिहल जात बा।

लार रोड रेलवे स्टेशन पs बरिसन से टिकट के दलालन के कब्जा बरकरार बा। लोगन के आरोप बा कि स्टेशन कर्मियन से सांठगांठ कs के दलाल टिकटन के दलाली करेले सs। ओहिजा, भिनूसार से लाइन में लागे आलान के टिकट ना मिल पावेला। पहिलहू कव बेर टिकट खातिर स्टेशन पs मारपीट हो चुकल बा। अतवार के यात्रियन के हंगामा के बादो सोमार के भोरे टिकट काउंटर पs कुछ दलाल घूमत लउकले।

जब सीआईबी टीम के छापा पड़ल तs दलाल भाग चलले। भटनी सीआईबी प्रभारी अरविंद कुमार बतवले कि छापा मारल गइल रहे। यात्रियन से जानकारी लिहल गइल बा। कर्मचारी लो के मिलीभगत के जांच कइल जा रहल बा। काउंटर पs खड़ा टिकट दलाल फरार हो गइले सs। बहुते जल्द बड़ कार्रवाई कइल जाई।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.