Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बालासोर ट्रेन हादसा के सीबीआई जांच जारी, आजु दोबारा घटनास्थल के मुआयना करी टीम

388

 

 

ओडिशा के बालासोर में भइल भयावह ट्रेन दुर्घटना के जाँच करे वाली सीबीआई टीम आजुओ ओह जगहा पे जा के सबूत जुटावे के कोशिश करी।

बालासोर : बालासोर ट्रेन दुर्घटना के जांच के जिम्मा सीबीआई अपना हाथ में ले लेले बिया। आजु फेर सीबीआई टीम मौका पर जाके इंटरलॉकिंग सिस्टम आ सिग्नलिंग सिस्टम के जाँच करी। एकरा से पहिले काल्ह भी सीबीआई टीम मौका अवुरी रेलवे स्टेशन के निरीक्षण कईले रहे। सीबीआई के टीम रेलवे जांच के प्रारंभिक रिपोर्ट से भी जाके दुर्घटना के समय ड्यूटी पे मौजूद सभ रेल कर्मचारी अवुरी अधिकारी के बयान के अध्ययन कईलस।

सीबीआई फेर से अधिकारी अवुरी कर्मचारी के बयान लीही

जानकारी के मुताबिक सीबीआई फेर से ए दुर्घटना से जुड़ल सभ अधिकारी अवुरी कर्मचारी के बयान ले ली। सीबीआई ए साजिश के हर कोण पे काम करतिया। काल्हु पूछताछ के बाद सीबीआई टीम अपना संगे स्टेशन पे मौजूद रजिस्टर अवुरी बाकी कागजात लेके चल गईल। स्टेशन मैनेजर से अनौपचारिक तरीका से सीबीआई के अधिकारी उनुका केबिन में पूछताछ कईले। सीबीआई डाटा लॉगर रिकॉर्ड के भी बारीकी से अध्ययन करतिया, इ एगो महत्वपूर्ण पहलू बा, जवना से दुर्घटना के असली कारण के पता लगावल जा सकता।

रेल मंत्रालय के निहोरा प सीबीआई जांच शुरू क देलस

रेलवे अधिकारियन के शुरुआती जांच में “इलेक्ट्रॉनिक इंटरलॉकिंग सिस्टम” से छेड़छाड़ के संकेत मिलला के बाद आ दुर्घटना का पीछे “तोड़फोड़” के आशंका मिलला के बाद मामिला सीबीआई के सौंपल गइल। ट्रेन के मौजूदगी के पता ‘इलेक्ट्रॉनिक इंटरलॉकिंग सिस्टम’ के माध्यम से कईल जाला। 2 जून के रेल मंत्रालय के निहोरा पे सीबीआई ए मामला में मामला दर्ज क जांच शुरू क देलस।

ए दुर्घटना में 278 लोग के मउत हो गईल

ओडिशा के बालासोर जिला के बाहानगा बाजार स्टेशन के लगे शुक के दिने साँझ करीब सात बजे तीन गो ट्रेन दुर्घटना से भेंट कइली सँ। देश के सबसे खराब रेल दुर्घटना में से एगो में 278 लोग के मउत हो गईल अवुरी 1100 से जादे लोग घाही हो गईले। जानकार लोग के कहनाम बा कि दुनो सवारी ट्रेन तेज रफ्तार से चलत रहे, जवना के चलते भी ए दुर्घटना में एतना लोग के मउत हो गईल।

 

 

558050cookie-checkबालासोर ट्रेन हादसा के सीबीआई जांच जारी, आजु दोबारा घटनास्थल के मुआयना करी टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.