राजस्थान: करौली में बस के टक्कर से कार के उड़ल परखच्चा , एके परिवार के 5 लोगन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 25, 2024

राजस्थान के करौली जिला में मंगल के रात एगो बड़हन सड़क दुर्घटना हो गइल. एगो निजी बस अवुरी एगो कार के बीच भारी टक्कर भईल बा। एs दुर्घटना में कार में सवार पांच लोग के

Share

करौली में बस आ कार के बीच भीषण टक्कर

राजस्थान के करौली जिला में मंगल के रात एगो बड़हन सड़क दुर्घटना हो गइल. एगो निजी बस अवुरी एगो कार के बीच भारी टक्कर भईल बा। एs दुर्घटना में कार में सवार पांच लोग के मउत हो गईल बा, जबकि बस में सवार 15 यात्री भी घाही हो गईल बाड़े, जवना के बाद अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

घाही लोग के हालत गंभीर बा
दुर्घटना एतना गंभीर रहे कि गाड़ी अवुरी बस के टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल।  दुर्घटना में कार में सवार एकही परिवार के 5 लोग के जगहे पs मउत हो गईल। डीएम नीलाभ सक्सेना, SP बृजेश ज्योति उपाध्याय अवुरी एएसपी गुमनाराम तुरंत मौका पs पहुंच गईले। उs कार अवुरी बस में फंसल लोग के बचा के जिला अस्पताल ले गईले। कुछ घायल लोग के हालत गंभीर बतावल जाता।

मरेवाला में पति, पत्नी, बेटा-बेटी अवुरी एगो महिला रिश्तेदार शामिल बाड़ी।  मरेवाला के गाड़ी में मिलल आधार कार्ड से सभके पहचान हो चुकल बा।

मृतकन के नाम
नयन कुमार देशमुख
अनीता (पत्नी)
मनस्वी (बेटी)
खुशदेव (बेटा)
प्रीती भट्ट (रिश्तेदार)

कैला देवी के दर्शन के सब लोग लवटत रहे
बतावल जा रहल बा कि इंदौर, मध्य प्रदेश के कुछ लोग कैला देवी के दर्शन करे खातिर गाड़ी में सवार रहले। इs लोग देवी के दर्शन कs के लवटत रहले, तबे गाड़ी के दुर्घटना हो गईल।  मरेवाला इंदौर के रहे वाला रहे जवन वडोदरा में रहत रहे।
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ 70 के दशक के सुपर हिट हीरो जेकरा के ओवर कॉन्फिडेन्स कs दिहलस करियर बर्बाद

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.