Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साइबर अपराध से लोगन के जागरूक करे के चलावल-गइल मुहिम: SSP बोललें- दुश्मनो पहिले दोस्त होला…ना करीं व्यक्तिगत- तस्वीरन के शेयर

135

गोरखपुर। गोरखपुर पुलिस के ओर से नया साल में साइबर अपराध से लोगन के जागरूक करे के मुहिम के सुरुआत करत SSP डॉ. गौरव ग्रोवर छात्रा लोगन ने साइबर अपराध के तरीका आ ओकरा से बचाव के बारे में बतवलें। एह दौरान SSP लईकन से कहलें कि पढ़ला के दौरान भइल दोस्ती जिनगीभर चली। अइसान हमेसा ना होला।

रउआ अपना सहेली, संघतिया के भरोसा में व्यक्तिगत जानकारी, तस्वीरें दे देला। जवना के बाद में दुरुपयोग होखला के खतरा रहेला। एहिसे अइसन व्यक्तिगत तस्वीरन के साझा करे से बचे के चाहीं। SSP बतवलें कि राउर दुश्मन पहिले दोस्ते होला। जब कवनो बात पs रिश्तन में खटास आ जात आ जाला तs लोग एक दूसरा के बदनाम करे खातिर तस्वीरन के वायरल कs देत बा।

साइबर सुरक्षा खातिर SSP देलें ई सुझाव

  • UPI के माध्यम से आवे वाला पेमेंट रिक्वेस्ट नोटिफिकेशन के एकसेप्ट करे से पहिले ओकरा के भेजे वाला के पहचान के जांच अवश्य करी।
  • पेमेंट QR कोड स्कैन करत घरी सावधानी बरती।
  • क्विक सपोर्ट/एनी डेस्क/टीम व्यूवर आदि रिमोट एक्सेस कंट्रोलिंग एप हs, एकरा के डाउनलोड करे में सावधानी बरती।
  • कवनो अनजान E-मेल ID, पासवर्ड, OTP आ कवनो व्यक्तिगत जानकारी (ATM कार्ड, क्रेडिट कार्ड) शेयर मत करीं।
  • सोशल मीडिया के माध्यम से फोन/मैसेज कs के अपना आपके रिश्तेदार भा मित्र बताके मदद के नाम पs पईसा मांगे वाला से सावधान रहीं। पईसा भेजे से पहिले ओकर सत्यता के जांच जरूर कs लीं।
  • कस्टमर केयर नंबर हमेसा सर्विस प्रोवाइडर के आधिकारिक वेबसाइट पs जाके सर्च करीं।
  • कवनो सरकारी योजना के नाम पs पईसा मांगल गइला पs खाता में पईसा मत जमा करीं। सोशल मीडिया अकाउंट के हमेशा प्राइवेट कs के रखीं। अनजान लोगन से मत जुड़ीं।
705020cookie-checkसाइबर अपराध से लोगन के जागरूक करे के चलावल-गइल मुहिम: SSP बोललें- दुश्मनो पहिले दोस्त होला…ना करीं व्यक्तिगत- तस्वीरन के शेयर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.