सारण के मशरक सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में शिविर आयोजित क के गर्भवती महिला लोगन के जांच कइल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 12, 2022

मशरक(सारण)। धर्मेन्द्र कुमार सिंह:  सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में मंगर के प्रधानमंत्री मातृत्व जांच शिविर के आयोजन कइल गइल। पीएचसी प्रभारी चिकित्सा पदाधिकारी डॉ गोपाल कृष्ण के नेतृत्व में आयोजित शिविर में प्रखंड के शहरी

Share

मशरक(सारण)। धर्मेन्द्र कुमार सिंह:  सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में मंगर के प्रधानमंत्री मातृत्व जांच शिविर के आयोजन कइल गइल। पीएचसी प्रभारी चिकित्सा पदाधिकारी डॉ गोपाल कृष्ण के नेतृत्व में आयोजित शिविर में प्रखंड के शहरी आ ग्रामीण क्षेत्र के सईयन गर्भवती महिला लोगन के जांच कइल गइल।
एह दौरान गर्भावस्था के दौरान होखे वाला अलग-अलग रोगन से बचाव आ रोगग्रस्त माई लोगन के गर्भावस्था के इलाज खातिर चिकित्सक के संपर्क में रहे के सलाह दिहल गइल। शिविर में गर्भवती माता के हीमोग्लोबिन, ब्लड शुगर, ब्लड ग्रुप, एचआईवी, कोरोना सहित गर्भस्त शिशु के गतिविधि के देखल गइल। जांचके बाद सब गर्भवती महिला लोगन के कैल्शियम, आयरन, पारासिटामोल आ आउर जरूरी दवाई दिहल गइल।
गर्भवती महिला लोगन के सलाह देत कहले कि फेर से कोरोना में बढ़न्ती हो रहल बा, जदि बाहर निकलल जरूरी होखे तब निम्मन से मास्क पहिन के निकली। कोरोना से बचाव खातिर मय पहलुअन प विस्तार से जानकारी दिहल गइल। मवका प चिकित्सकलोगन के अलावे बड़ संख्या में आशा कार्यकर्ता मवजूद रहल लो।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.