देवबंद पटाखा फैक्ट्री में विस्फोट से पूरा बिल्डिंग ध्वस्त, कई लोगन के चीथडा उड़ल, रेस्क्यू अभियान जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2025

सहारनपुर के देवबंद में पटाखा कारखाना में विस्फोट के चलते एगो बड़ दुर्घटना हो गईल बा। विस्फोट के बाद फैक्ट्री के पूरा बिल्डिंग गिर गईल। विस्फोट के समय 9 कर्मचारी फैक्ट्री में काम करत रहले।

Share

देवबंद पटाखा फैक्ट्री में विस्फोट से पूरा बिल्डिंग ध्वस्त

सहारनपुर के देवबंद में पटाखा कारखाना में विस्फोट के चलते एगो बड़ दुर्घटना हो गईल बा। विस्फोट के बाद फैक्ट्री के पूरा बिल्डिंग गिर गईल। विस्फोट के समय 9 कर्मचारी फैक्ट्री में काम करत रहले। विस्फोट में बहुत लोग केj टुकड़ा-टुकड़ा हो गईल। विस्फोट दुर्घटना में करीब 4 से 5 मजदूर के मउत के आशंका बा। हालांकि प्रशासन के ओर से एकर आधिकारिक तौर पs पुष्टि नईखे भईल। मामला निहाल खेड़ी गांव के हs.

बहुत लोग के फैक्ट्री में दबले के आशंका बा

जानकारी के मुताबिक दुर्घटना के समय पटाखा कारखाना में करीब 9 लोग काम करत रहले। जवन वीडियो सामने आइल बा ओहमें देखल जा सकेला कि दुर्घटना स्थल के लगे इंसान के शरीर के कुछ अंग बिखरल रहे. कुछ लोग के हाथ-गोड़ बिखराइल देखल गइल। फिलहाल राहत अवुरी बचाव के काम चलता। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.