Breaking news : पाकिस्तान के मियांवाली एयरबेस पs आतंकी हमला

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 4, 2023

  पाकिस्तान में एगो बड़हन आतंकी हमला हो गइल बा जवन आतंकवाद के प्रयाय बन गइल बा। आतंकी पाकिस्तानी वायुसेना के एगो बेस पs हमला कईले बाड़े। कई गो आतंकवादी हथियार से लैस आतंकवादी मियांवाली

Share

 

पाकिस्तान में एगो बड़हन आतंकी हमला हो गइल बा जवन आतंकवाद के प्रयाय बन गइल बा। आतंकी पाकिस्तानी वायुसेना के एगो बेस पs हमला कईले बाड़े। कई गो आतंकवादी हथियार से लैस आतंकवादी मियांवाली एयरबेस घुस गइल बाड़े। पाकिस्तानी पुलिस बल के जवान भी जवाबी कार्रवाई करत बाड़े।

पंजाब के मियांवाली में पाकिस्तान के वायुसेना बेस पs शनिवार के सबेरे आतंकी हमला भईल। मियांवाली के पीएएफ बेस पs भारी गोलीबारी अवुरी धमाका के आवाज सुनाई देता। पंजाब के मियांवाली में पाकिस्तान के वायुसेना के अड्डा पs कई गो आत्मघाती हमलावर समेत भारी हथियार से लैस जिहादी हमला कईले बाड़े। अभी भी हमला जारी बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.