आदेश ना मानला पऽ ब्राजील एक्स पऽ लगवलस प्रतिबंध

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 1, 2024

ब्राजील में शनिचर से एक्स पर रोक लगा दिहल गइल। सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश अलेक्जेंडर डी मोरेस के आदेश का बाद ई रोक लगावल गइल। ई आदेश बियफे के दिने दिहल गइल रहे। इंटरनेट

Share

X ( twitter)

ब्राजील में शनिचर से एक्स पर रोक लगा दिहल गइल। सुप्रीम कोर्ट के मुख्य न्यायाधीश अलेक्जेंडर डी मोरेस के आदेश का बाद ई रोक लगावल गइल। ई आदेश बियफे के दिने दिहल गइल रहे। इंटरनेट सेवा प्रदाता आ ऐप स्टोर के पांच दिन के भीतर एक्स पs रोक लगावे के होई, जवना में नाकाम भइला पs वीपीएन यूजर पs प्रतिदिन 8,900 डॉलर के जुर्माना लगावल जाई।

काहे लगावल गइल प्रतिबंध

मोरेस एक्स के ब्राजील में कानूनी प्रतिनिधि के नियुक्ति के आदेश देले रहले। हालांकि कंपनी इनकार कऽ देलस। मार्केट रिसर्च ग्रुप ईमार्केटर के कहनाम बा कि 4 करोड़ ब्राजीलियाई हर माह एक बार एक्स उपयोग करेले।

मस्क बोलले- जज के अपराधन के उजागर करब

एलन मस्क शनिचर के कहले कि उऽ अलेक्जेंडर डी मोरेस के कथित अपराधन के उजागर करीहें, हम काल से न्यायाधीश के अपराधन के लंमहर सूची प्रकाशित कइल शुरू करब। साथ ही, ब्राजील के उऽ विशष्टि कानूनो के, जवना के उऽ लोग तूड़ले बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.