BPSC Exam Calendar 2024: बीपीएससी जारी कइलस एग्जाम कैलेंडर, 31 जुलाई के आई 69वीं मुख्य परीक्षा के परिणाम

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 25, 2024

बिहार लोक सेवा आयोग (बीपीएससी) संशोधित परीक्षा कैलेंडर (BPSC Exam Calendar) जारी कइले बा, जेमे 21 गो परीक्षा के जानकारी दिहल गइल बा। संशोधित कैलेंडर के अनुसार, अगस्त के अंतिम सप्ताह में अध्यापक नियुक्ति परीक्षा

Share

बिहार लोक सेवा आयोग (बीपीएससी) संशोधित परीक्षा कैलेंडर (BPSC Exam Calendar) जारी कइले बा, जेमे 21 गो परीक्षा के जानकारी दिहल गइल बा। संशोधित कैलेंडर के अनुसार, अगस्त के अंतिम सप्ताह में अध्यापक नियुक्ति परीक्षा ना होई। ओहिजा वहीं, इंटीग्रेटेड सीसीई के प्रारंभिक परीक्षा 30 सितंबर के होई। परिणाम पांच से सात नवंबर तक जारी कs दिहल जाई।

मुख्य परीक्षा पूर्व निर्धारित कार्यक्रम के अनुसार, अगिला साल तीन से सात जनवरी तक आ परिणाम के प्रकाशन 31 जुलाई के कs दिहल जाई। साक्षात्कार 17 से 28 अगस्त तक संभावित बा। अंतिम परिणाम नया साल में 31 अगस्त के जारी कs दिहल जाइस। इंटीग्रेटेड सीसीई केतना पदन खातिर होई, एकर जानकारी आयोग विज्ञापन में उपलब्ध कराई।

कब आई 69वीं संयुक्त प्रतियोगिता मुख्य परीक्षा के रिजल्ट?

69वीं संयुक्त प्रतियोगिता मुख्य परीक्षा परीक्षा के परिणाम 31 जुलाई के जारी कइल जाई। साक्षात्कार 17 से 28 अगस्त तक संभावित बा। अंतिम परिणाम 31 अगस्त के जारी कs दिहल जाई। एकरा माध्यम से 475 पदन पs नियुक्ति होखे के बा। 32वीं न्यायिक सेवा मुख्य परीक्षा गत वर्ष 25 से 29 नवंबर के बीच भइल रहे। एकर परिणाम के तिथि घोषित नइखे कइल गइल।

ओहिजा, सहायक अनुमंडल फायर आफिसर के 21 पदन खातिर योग्य अभ्यर्थी नइखे मिलल बा। फिजिक्स में सहायक प्रोफेसर के 59 पदन खातिर मुख्य परीक्षा पिछला बरिस 13 अप्रिल के लिहल गइल रहे। ममिला न्यायालय में लंबित होखला के कारण परिणाम रोक दिहल गइल बा। पीएचईडी में सहायक अभियंता के 118 पदन पs नियुक्ति खातिर प्रारंभिक परीक्षा के आयोजन आगामी 20 से 22 सितंबर तक कइल जाई। एकर परिणाम आठ अक्टूबर के संभावित बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.