BPSC ब्लॉक हॉर्टिकल्चर ऑफिसर परीक्षा के शेड्यूल जारी: दु शिफ्ट में होई परीक्षा, 318 पदन खातिर करीब 17 हजार अभ्यर्थी कइल लो आवेदन

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 28, 2024

बिहार लोक सेवा आयोग के ओर से ब्लॉक हॉर्टिकल्चर ऑफिसर के कुल 318 पदन खातिर वैकेंसी निकालल गइल रहे। एकरा खातिर कुल 17,578 अभ्यर्थी आवेदन कइले बा लो। ओहिजा, परीक्षा के आयोजन 12 आ 13

Share

बिहार लोक सेवा आयोग के ओर से ब्लॉक हॉर्टिकल्चर ऑफिसर के कुल 318 पदन खातिर वैकेंसी निकालल गइल रहे। एकरा खातिर कुल 17,578 अभ्यर्थी आवेदन कइले बा लो। ओहिजा, परीक्षा के आयोजन 12 आ 13 अगस्त 2024 के कइल जाई। ओहिजा, अब आयोग के ओर से नोटिस जारी करत परीक्षा के शेड्यूल जारी कs दिहल गइल बा।

परीक्षा के आयोजन दु शिफ्ट में कइल जाई 

12 अगस्त के पहिला शिफ्ट में सामान्य हिंदी के परीक्षा सबेरे 10 बजे से लेके दुपहरिया 12 तक होई। दूसरका शिफ्ट में सामान्य ज्ञान के परीक्षा दोपहर 2:30 बजे से सांझ 4:30 तक आयोजित कइल जाई।

13 अगस्त के पहिला शिफ्ट में हॉर्टिकल्चर आ कृषि विज्ञान के परीक्षा सबेरे 10 बजे से लेके दुपहरिया 12 तक होई। दूसरका शिफ्ट में हॉर्टिकल्चर आ कृषि विज्ञान विषय के परीक्षा दुपहरिया 2:30 बजे से सांझ 4:30 तक आयोजित कइल जाई।

कइसे होई चयन

एह तमाम रिक्त पदन खातिर अभ्यर्थियन के चयन सबसे पहिले प्रारंभिक परीक्षा, ओकरा बाद मेंस परीक्षा आ फेर इंटरव्यू के आधार पs कइल जाई। लिखित परीक्षा तीन विषयन के होई, जेमे सामान्य हिन्दी-100 अंक (एक पत्र), सामान्य ज्ञान-100 अंक (एक पत्र) आ उद्यान/कृषि विज्ञान-200 अंक (दु पत्र) 400 अंकन के होई।

जाने कब जारी होई एडमिट कार्ड

एह वैकेंसी खातिर परीक्षा से एक हफ्ता पहले एडमिट कार्ड जारी होई। जे केहू अभ्यर्थी परीक्षा खातिर फॉर्म भरले बा। ऊ आयोग के आधिकारिक वेबसाइट bpsc.bih.nic.in पs जाकर अपना एडमिट कार्ड के जारी होखला के बाद डाउनलोड कs सकत बा लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.