चंडीगढ़ में रैपर बादशाह के बार सहित दुगो नाइटक्लब के लगे धमाका

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 26, 2024

  केंद्र शासित प्रदेश चंडीगढ़ से सबेरे-सबेरे डरावना खबर सामने आईल बा। चंडीगढ़ के सेक्टर-26 के दू गो नाइट क्लब के लगे मंगल के दिने सबेरे करीब चार बजे दू गो विस्फोट भइल. चंडीगढ़ पुलिस

Share

बादशाह

 

केंद्र शासित प्रदेश चंडीगढ़ से सबेरे-सबेरे डरावना खबर सामने आईल बा। चंडीगढ़ के सेक्टर-26 के दू गो नाइट क्लब के लगे मंगल के दिने सबेरे करीब चार बजे दू गो विस्फोट भइल. चंडीगढ़ पुलिस सूत्र के मुताबिक चंडीगढ़ के नाइट क्लब के बहरी पटाखा में इस्तेमाल होखेवाला पोटाश के इस्तेमाल से घर के बनावल बम विस्फोट करे के कोशिश कईल गईल। एह घटना के बाद लोग घबराहट में बाड़े। पुलिस मामला के पूरा जांच करतिया। जवना नाइट क्लब के लगे धमाका भइल बा ओहमें से एगो नाइट क्लब रैपर बादशाह के हs.

फोरेंसिक टीम मौजूद रहे

अबे ले के जांच में जवन जानकारी मिलल बा ओकरा मुताबिक चंडीगढ़ के दु गो नाइट क्लब के नजदीक दुगो अज्ञात बाइक सवार सबेरे-सबेरे संदिग्ध विस्फोटक फेंक देले बाड़े। चंडीगढ़ पुलिस के फोरेंसिक टीम एह मामिला के छानबीन करत बिया. एह घटना के बारे में अउरी विस्तार से जानकारी के इंतजार बा।

सबेरे-सबेरे: उठते पीं इs लौंग, इलायची, दालचीनी आ गुड़ वाला हर्बल टी, पुरा दिन रही ताजगी भरल

पूरा घटना पs डीएसपी दिलबाग सिंह धालीवाल कहले – “हमनी के कंट्रोल रूम में जानकारी मिलल कि इहाँ कवनो निजी समस्या भईल बा। हमनी के जांच अधिकारी देखले कि इहाँ कांच टूटल बा। फिलहाल हमनी के कुछूओ नईखी कह सकत। हमनी के अबे एगो एफआईआर दर्ज कईले बानी आ जांच शुरू हो गईल बा।”

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.