UP News: यूपी में भाजपा के नया टीम के एलान, सरकार में मवजूद चार मंत्री संगठन से अलग; इहां देखीं सूची

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 26, 2023

प्रदेश भाजपा के नया टीम के घोषणा कs दिहल गइल बा। पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष भूपेन्द्र सिंह चौधरी ने सनीचर के पदाधिकारियन आ क्षेत्रीय अध्यक्षन के सूची जारी कs देले बाड़ें। चौधरी के नया टीम

Share

प्रदेश भाजपा के नया टीम के घोषणा कs दिहल गइल बा। पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष भूपेन्द्र सिंह चौधरी ने सनीचर के पदाधिकारियन आ क्षेत्रीय अध्यक्षन के सूची जारी कs देले बाड़ें। चौधरी के नया टीम में क्षेत्रीय आ जातीय संतुलन के साधल गइल बा। 45 सदस्यीय टीम में जहां 18 उपाध्यक्ष बनावल गइल बा लो, ओहिजा सात लोगन के महामंत्री आ 16 लोगन के मंत्री बनावल गइल बा। प्रदेश के नया टीम में कइयन पदाधिकारियन के दोबारा संगठन में काम करे के मवका दिहल गइल बा।

नया टीम में पंकज सिंह, विजय बहादुर पाठक, कांता कर्दम, संतोष सिंह, सलिल विश्नोई, सुरेन्द्र नागर, सत्यपाल सैनी, नीलम सोनकर, कमलावती सिंह, बृज बहादुर, सुनीता दयाल, दिनेश कुमार शर्मा, मानवेन्द्र सिंह, पदमसेन चौधरी, मोहित बेनीवाल, डॉ. धमेंन्द्र सिंह, देवेश कुमार कोरी आ त्रियंबक त्रिपाठी के प्रदेश संगठन में उपाध्यक्ष बनावल गइल बा।

एही तरे गोविंद नारायण शुक्ला, अमर पाल मौर्या, अनूप गुप्ता, प्रियंका सिंह रावत, संजय राय, सुभाष युदवंश आ राम प्रताप सिंह चौहान के महामंत्री बनावल गइल बा। एकरा अलावे शंकर गिरी, डॉ. चन्द्रमोहन सिंह, मीना चौबे, अंजुला सिंह माहौर, विजय शिवहरे, शंकर लोधी, शंकुतला चौहान, अनामिका चौधरी, पूनम बजाज, अर्चना मिश्रा, अमित बाल्मिकी, बसंत त्यगी, शिवभूषण सिंह, सुरेश पासी, अभिजात मिश्रा आ डीपी भारती के प्रदेश मंत्री बनावल गइल बा।

ओहिजा, मनीष कपूर के लगातार दूसरका बेर कोषाध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा। जबकि संजीव अग्रवाल के सह कोषाध्यक्ष आ भारत दीक्षित के कार्यालय प्रभारी बनावल गइल बा। ओमप्रकाश श्रीवास्तव के प्रकोष्ठ या विभाग के प्रभारी के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

छह क्षेत्रीय अध्यक्षन के नियुक्ति

प्रदेश संगठन में पदाधिकारियन के अलावे प्रदेश अध्यक्ष द्बारा छव क्षेत्रीय अध्यक्षन के नाम घोषित कs दिहल गइल बा। एमें कमलेश मिश्रा के अवध क्षेत्र तs दिलीप पटेल के काशी क्षेत्र आ शहजानंद राय के गोरखपुर क्षेत्र के क्षेत्रीय अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा। ओहिजा, प्रकाश पाल के कानपुर-बुंदेलखंड, द्रुवविजय सिंह शाक्य के ब्रज आ सतेन्द्र सिसोदिया के पश्चिम क्षेत्र के क्षेत्रीय अध्यक्ष नियुक्त कइल गइल बा।

सरकार में मवजूद चार मंत्रियन के संगठन से अलग कs दिहल गइल बा। भाजपा के संगठन लिस्ट में जातीय समीकरण पs जोर दिहल गइल बा। छव में से तीन क्षेत्रीय अध्यक्ष ओबीसी से आवेला। इहां देखीं पूरा लिस्ट…

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.