Bird Flu: ‘कोरोना से 100 गुना जादा खतरनाक महामारी फइल सकेला, विशेषज्ञ एह वायरस के लेके जतवले चिंता

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2024

  विशेषज्ञ चिंता जतवले बाड़न कि बर्ड फ्लू के संक्रमण तेजी से महामारी के रूप ले सकेला आ एकर अधिका मउत दर के देखत ई कोरोना महामारी से सौ गुना अधिका खतरनाक साबित हो सकेला।

Share

 

विशेषज्ञ चिंता जतवले बाड़न कि बर्ड फ्लू के संक्रमण तेजी से महामारी के रूप ले सकेला आ एकर अधिका मउत दर के देखत ई कोरोना महामारी से सौ गुना अधिका खतरनाक साबित हो सकेला। ई जानकारी मीडिया रिपोर्ट में दिहल गइल बा। रिपोर्ट में वैज्ञानिक दावा कईले बाड़े कि एच 5 एन 1 वायरस गंभीर स्थिति के ओर बढ़ता अवुरी एकरा से वैश्विक महामारी होखे के बहुत आशंका बा।

एच5एन1 वायरस के संक्रमण से महामारी हो सकेला

पिट्सबर्ग में बर्ड फ्लू पs शोध करे वाला वैज्ञानिक डॉ. सुरेश कुचिपुडी चेतवले बाड़न कि एच5एन1 वायरस मनुष्य समेत बहुते संख्या में स्तनधारी जीव के संक्रमित कs सकेला। डा. सुरेश कुचिपुडी के दावा बा कि वायरस ओह दिशा में बढ़ रहल बा जहाँ महामारी पैदा कs सकेला। उ कहले कि दुनिया के बहुत जगह पs बर्ड फ्लू के संक्रमण अबे ले मौजूद बा अवुरी बहुत संख्या में स्तनधारी अबे ले एकरा से संक्रमित होखता। अब समय आ गईल बा कि हमनी के एकरा खिलाफ तैयारी करे के चाही ना तs स्थिति गंभीर हो सकता।

संक्रमण कोरोना महामारी से 100 गुना खतरनाक होई

एगो अउरी विशेषज्ञ के हवाला से मीडिया रिपोर्ट में कहल गइल बा कि बर्ड फ्लू के संक्रमण कोरोना महामारी से भी जादा खतरनाक साबित हो सकेला। उs दावा कईले कि बर्ड फ्लू के महामारी कोरोना महामारी से 100 गुना जादा खतरनाक साबित हो सकता। बर्ड फ्लू के महामारी में मउत के दर कोरोना के मुक़ाबले बहुत जादे होई अवुरी जदी इs इंसान में उत्परिवर्तन होखे लागे तs एकरा अवुरी गंभीर होखे के खतरा बा।

विश्व स्वास्थ्य संगठन के आंकड़ा डरावना बा

विश्व स्वास्थ्य संगठन के आंकड़ा के मुताबिक, 2003 से अब ले एच5एन1 वायरस से संक्रमित हर 100 मरीज में से 52 मरीज के मउत हो गईल बा। एह तरह से एच5एन1 के मउत के दर 50 प्रतिशत से अधिका बा। अगर एकर तुलना कोरोना वायरस से कइल जाव तs महामारी के शुरुआत में कुछ जगहा एकर मृत्यु दर 20 प्रतिशत रहे जवन बाद में मात्र 0.1 प्रतिशत हो गइल। अब ले बर्ड फ्लू के मात्र 887 मामिला सामने आईल बा, जवना में से 462 के मउत हो गईल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.