Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पुलिस हिरासत में बीमा भारती के दुगो PA : 10 लाख कैश के संगे पुलिस पकड़लस; रूपौली थाना में कइल जा रहल बा पूछताछ

111

पूर्णिया के रूपौली में आरजेडी प्रत्याशी बीमा भारती के दुगो पीए के पुलिस हिरासत में ले लेले बिया। दुनो के लगे से 10 लाख रुपिया कैश मिलल बा। पुलिस रुपियन के सोर्स पता कs रहल बिया। पुलिस के शक बा कि ई रुपिया चुनाव उपयोग में हो सकत बा।

बीमा भारती के PA अरविंद जायसवाल आ महावीर मंडल के लेके पुलिस रूपौली थाना में लेके आइल बिया। इहां पs दुनो से पूछताछ कइल जा रहल बा।

बीमा भारती रूपौली से जेडीयू के विधायक रहल बाड़ी। चुनाव के ऐनवक्त पs जेडीयू छोड़के आरजेडी में सामिल भइल रहली। लालू यादव उनका के पूर्णिया लोकसभा सीट से टिकट देले रहस।

साभार : दैनिक भास्कर

802490cookie-checkपुलिस हिरासत में बीमा भारती के दुगो PA : 10 लाख कैश के संगे पुलिस पकड़लस; रूपौली थाना में कइल जा रहल बा पूछताछ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.