पुलिस हिरासत में बीमा भारती के दुगो PA : 10 लाख कैश के संगे पुलिस पकड़लस; रूपौली थाना में कइल जा रहल बा पूछताछ

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 25, 2024

पूर्णिया के रूपौली में आरजेडी प्रत्याशी बीमा भारती के दुगो पीए के पुलिस हिरासत में ले लेले बिया। दुनो के लगे से 10 लाख रुपिया कैश मिलल बा। पुलिस रुपियन के सोर्स पता कs रहल

Share

पूर्णिया के रूपौली में आरजेडी प्रत्याशी बीमा भारती के दुगो पीए के पुलिस हिरासत में ले लेले बिया। दुनो के लगे से 10 लाख रुपिया कैश मिलल बा। पुलिस रुपियन के सोर्स पता कs रहल बिया। पुलिस के शक बा कि ई रुपिया चुनाव उपयोग में हो सकत बा।

बीमा भारती के PA अरविंद जायसवाल आ महावीर मंडल के लेके पुलिस रूपौली थाना में लेके आइल बिया। इहां पs दुनो से पूछताछ कइल जा रहल बा।

बीमा भारती रूपौली से जेडीयू के विधायक रहल बाड़ी। चुनाव के ऐनवक्त पs जेडीयू छोड़के आरजेडी में सामिल भइल रहली। लालू यादव उनका के पूर्णिया लोकसभा सीट से टिकट देले रहस।

साभार : दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.