Billie Eilish: लाइव कॉन्सर्ट में ग्रैमी अवॉर्ड विनर बिली एलिश गायिका के केहू फेंकके मरलस नेकलेस, मिलल अइसन रिएक्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 15, 2024

Billie Eilish: फिल्मी सितारन आ गायकम के देखे खातिर फैंस के भीड़ उमड़ पड़ेला। कइयन बेर ओह लोगन के अनघा प्यार मिलेला तs कबो खराब अनुभवो से दु-चार होखे के पड़ेला। हाले में अइसने अनुभव

Share

Billie Eilish - फोटो : सोशल मीडिया


Billie Eilish: फिल्मी सितारन आ गायकम के देखे खातिर फैंस के भीड़ उमड़ पड़ेला। कइयन बेर ओह लोगन के अनघा प्यार मिलेला तs कबो खराब अनुभवो से दु-चार होखे के पड़ेला। हाले में अइसने अनुभव ग्रैमी पुरस्कार विजेता लोकप्रिय गायिका बिली एलिश के संगे भइल। गायिका एरिजोना में लाइव प्रस्तुति देत रहली कि अचानके भीड़ में से केहू उनका पs नेकलेस फेंकके मरलस

गायिका जारी रखली प्रस्तुति

बिली पर लाइव शो के दौरान नेकलेस फेंकके मारल गइल। बाकिर, एह दौरान बिली धैर्य के परिचय देली। ऊ गाइल बंद ना कइली आ हमला आउर अभद्रता के बादो ऊ आपन प्रस्तुति जारी रखली। बिली के वीडियो सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा।

एह कृष्ण भजन के एक बेर जरुर सुनीं: Bhor Bhail Mohan|भोर भइल मोहन| @theshalinidubey |folk | Krishna Bhajan | Yayawari Via Bhojpuri|

फैंस कs रहल बा लो बिली के तारीफ

लाइव शो में अपना संगे भइल अभ्रद्रता के बाद बिली कुछ परेशान नजर अइली, बाकिर एकर भनक ऊ उहां मवजूद लोगन के ना लागे देली। हमले के बादो ऊ बिना रुकलें गाना जारी रखलें। गायिका बदसलूकी के बादो जवना धैर्य के परिचय देली, ओह पs फैंस सोशल मीडिया पs उनकर सराहना कs रहल बा लो।

फैंस हो जाला लो उत्साहित

बिली एलिश प्रस्तुति के दौरान हस्तियन पs होखे वाला हमला पs एक बेर बतवले रहस कि उनका लागेला कि कलाकारन पs चीज फेंके के घटना बरिसन से हो रहल बा। उनकर कहनाम रहे कि लोग उत्साहित हो जात बा आ ई खतरनाक हो सकत बा।

स्टेज से गिर पड़ल रहली बिली

बिली एलिश के संगे अइसन हादसा पहिला बेर नइखे भइल। एक बेर न्यूयॉर्क में एगो लाइव कॉन्सर्ट के दौरान गायिका के संगे एगो हादसा भइल रहे। एह हादसा में बिली स्टेज से गिर पड़ल रहली आ उनका गोड़ पs चोट लागल रहे। बिली एह चोट के फोटो अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs शेयर कइले रहली।

इहो पढ़ीं: Vijay Khare: भोजपुरी सिनेमा के मशहूर खलनायक विजय खरे के निधन, 72 साल के उमिर में बेंगलुरू में लेलें अंतिम सांस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.