बिहार में मौसम विभाग के यलो अलर्ट, वज्रपात, आंधी आ बारिश के चेतावनी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 9, 2022

पटना। बिहार के कई इलाकन में बारिश, आंधी आ व्रजपात के लेके मौसम विभाग अलर्ट जारी कइले बा। मौसम विभाग के मोताबिक, एह इलाकन में हलुक से मध्यम बारिश होखे के अनुमान बा। संगही आंधी

Share

पटना। बिहार के कई इलाकन में बारिश, आंधी आ व्रजपात के लेके मौसम विभाग अलर्ट जारी कइले बा। मौसम विभाग के मोताबिक, एह इलाकन में हलुक से मध्यम बारिश होखे के अनुमान बा। संगही आंधी आ व्रजपात के चेतावनियो दिहल गइल बा। मौसम विभाग पटना, कावर से जारी चेतावनी में बिहार के सीतामढ़ी, मधुबनी के कुछ इलाकन में सतर्क रहे के चेतावनी दिहल गइल बा।

मौसम विभाग के मोताबिक, एह इलाकन में तीस से पचास फीसदी प्रतिघंटा के रफ्तार से आंधी चल सकत बा। अइसन में विभाग के ओर से लोगन के बाहर ना जाये के सलाह दिहल गइल बा।

मौसम विभाग के मानल जाव तs बिहार के एह इलाकन में हवा के रफ्तार कम भा जादहू हो सकत बा। मौसम विभाग लोगन के व्रजपात से बांचे खातिर पक्का छत के नीचे शरण लेवे के कहले बा। ओहिजा बिजली के खंभन आ ऊंचे फेंडन से दूर रहे खातिर कहल गइल बा।

मालूम होखे कि हाले में मोतिहारी में आइल आंधी से कइयन गो कच्चा छप्पर उड़ गइल रहे आ कइयन गो बड़ पेड़ गिर गइल रहे। धूरा आ आंधी के साथे बारिश किसानन के बहुते नुकसान पहुंचवले रहे। खासतौर पs आम के बाग आ मकई के फसल नष्ट होखे के जानकारी बावे। फिलहाल प्रशासन नुकसान के आंकलन कs रहल बा।

बता दीं कि बिहार के जवना जिलन में बारिश के आसार बा, ओमे मधेपुरा, सुपौल, सहरसा, दरभंगा, मधुबनी, किशनगंज, कटिहार, पूर्णिया, अररिया, सीतामढ़ी, ईस्ट चंपारण, वेस्ट चंपारण शामिल बा। मौसम विभाग के मोताबिक, किशनगंज में सबसे जादे तs वेस्ट चंपारण में सबसे कम बारिश होखे के पूर्वानुमान बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.