Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार : पटना हवाई अड्डा पे बम मिलले के जानकारी के चलते यात्रीयन में दहशत मच गईल

ए समय के बड़ खबर राजधानी पटना से आवत बा, जहां पटना हवाई अड्डा पे मिलल बम के जानकारी मिलल बा। हालांकि अबे तक एयरपोर्ट प्रशासन के ओर से एकरा बारे में कवनो आधिकारिक जानकारी नईखे दिहल गईल। फिलहाल बम निरोधक दस्ता के पटना हवाई अड्डा भेज दिहल गईल बा। आजु सबेरे केहू एह बात के बारे में धमकी देबे वाला फोन कइले रहुवे |

122

बम निरोधक दस्ता पटना हवाई अड्डा के गहन जांच में जुटल बा। एकरा संगे पटना हवाई अड्डा पे यात्री के सामान के जांच भी कईल जाता। विमान में सवार सभ यात्री के सामान के जांच कईल गईल। बम निपटान दस्ता हर बात के जाँच करत बा | फिलहाल कवनो संदिग्ध वस्तु मिले के कवनो खबर नईखे।

बतावल जाता कि आज सबेरे एगो युवक के फोन आईल, जवना में कहल गईल कि पटना हवाई अड्डा पे बम बा। हालांकि हवाई अड्डा प्रशासन से एकरा बारे में कवनो आधिकारिक जानकारी नईखे दिहल गईल। फिलहाल ए समूचा मामला के जांच हो रहल बा। पटना पुलिस के वरिष्ठ अधिकारी के टीम भी पटना हवाई अड्डा पहुंचल बिया आ पूरा हवाई अड्डा के सुरक्षा कड़ा क दिहल गईल बा। पटना हवाई अड्डा पे ए विमान के जांच कईल जाता। हालांकि एकरा के मॉक ड्रिल बतावल जाता।

513070cookie-checkबिहार : पटना हवाई अड्डा पे बम मिलले के जानकारी के चलते यात्रीयन में दहशत मच गईल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.