बीजापुर: नक्सली कइले आईईडी ब्लास्ट, सीआरपीएफ के पांच जवान घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 29, 2024

एतवार के सबेरे बीजापुर जिला के उसूर प्रखंड के तररेम आ गुंडम इलाका में तलाशी खातिर निकलल सीआरपीएफ के जवान नक्सली लोग के लगावल आईडी के चपेट में आ गइलन। एह हमला में पांच जवान

Share

एतवार के सबेरे बीजापुर जिला के उसूर प्रखंड के तररेम आ गुंडम इलाका में तलाशी खातिर निकलल सीआरपीएफ के जवान नक्सली लोग के लगावल आईडी के चपेट में आ गइलन। एह हमला में पांच जवान घायल हो गइले।

एतवार के सबेरे बीजापुर जिला के उसूर प्रखंड के तररेम आ गुंडम इलाका में तलाशी खातिर निकलल सीआरपीएफ के जवान नक्सली लोग के लगावल आईडी के चपेट में आ गइलन। एह हमला में पांच जवान घायल हो गइले। घायल जवान के अस्पताल पहुंचावल गइल बा। एह घटना के बाद कवनो प्रकार से फायरिंग ना भइल। इ पूरा घटना चिन्नागलूर शिविर से करीब 350 मीटर के दूरी पs भइल।

एह मामला के जानकारी देत शीर्ष अधिकारी बतवले कि अतवार के सबेरे सीआरपीएफ 153 बटालियन के जवान खोजबीन पs निकलल रहले, जसही उऽ लोग सीएपी से 350 मीटर के दूरी प पहुंचले, अचानक धमाका हो गइल। पीछे चलत साथी मोरचा संभालत तुरंत खुद के तैनात कऽ लेले। बाकिर एह दौरान कवनो तरीका से फायरिंग ना भइल। जवान तुरंत घायल जवान के अस्पताल में भर्ती करवले। एह आईडी विस्फोट में सीआरपीएफ 153 बटालियन के पांच जवान घवाहिल हो गइल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.