छत्तीसगढ़ के बालोद में भीषण सड़क दुर्घटना, छह लोगन के दर्दनाक मउत, सात घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2024

छत्तीसगढ़ के बालोद जिला में भइल एगो भयानक सड़क हादसा में छह लोग के मउत हो गइल आ सात लोग घवाहिल हो गइल. ई हादसा आजु सबेरे डोंडी थाना क्षेत्र के अंतर्गत भानुप्रतापपुर-दल्लीराजहरा सड़क पs चौरापावड़

Share

छत्तीसगढ़ में भीषण सड़क हादसा

छत्तीसगढ़ के बालोद जिला में भइल एगो भयानक सड़क हादसा में छह लोग के मउत हो गइल आ सात लोग घवाहिल हो गइल. ई हादसा आजु सबेरे डोंडी थाना क्षेत्र के अंतर्गत भानुप्रतापपुर-दल्लीराजहरा सड़क पs चौरापावड़ के लगे भइल. जानकारी के मुताबिक, एगो ट्रक उल्टा दिशा से आवत एसयूवी कार के टक्कर मार देलस, जवना के चलते 6 लोग के मउत हो गईल, जबकि सात लोग घाही हो गईले। घाही लोग के राजनांदगांव मेडिकल कॉलेज ले जाइल गइल बा। अपर पुलिस अधीक्षक अशोक जोशी बतवले कि आरोपी ट्रक चालक मौका से फरार हो गईल अवुरी ओकरा के खोजबीन जारी बा।

कड़ी मशक्कत के बाद शव बाहर निकालल गइल

ट्रक गाड़ी के एतना जोर से टक्कर मार देले रहे कि एसयूवी के टुकड़ा-टुकड़ा कs दिहल गईल, पुलिस स्थानीय लोग के मदद से मौका पs पहुंचल अवुरी घंटों मेहनत के बाद गाड़ी में फंसल लोग के बाहर निकालल गईल, गाड़ी में सवार लोग डौंडी में रहे उs कुम्भकार के एगो रिश्तेदार के घर में छठी कार्यक्रम में शामिल भईला के बाद अपना गांव गुरेदा वापस आवत रहले कि भानुप्रतापपुर-दल्ली राजहरा मुख्य सड़क, डौंडी थाना क्षेत्र चौरहापड़ाव के लगे ओह लोग के गाड़ी के ट्रक से टकरा गइल आ 6 लोग के मौका पs मउत हो गइल.

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’अयोध्या में हनुमानगढ़ी मंदिर में दर्शन कइले बिना अधूरा होला श्रीराम जी के पूजा, जानीं इतिहास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.