भोपाल: दु गुटन में चलल तलवार, फेंकल गइल पत्थर, झड़प में आधा दर्जन से जादा घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 24, 2024

मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल के जहांगीराबाद इलाका में दु समुदाय के बीच झड़प हो गईल। दुनो ओर से पत्थरबाजी भइल। सड़क पs भी खुलेआम तलवार चलत रहे। दुनो समूह के बीच भईल झड़प में

Share

भोपाल के जहांगीराबाद इलाका में दु समुदाय के बीच झड़प

मध्य प्रदेश के राजधानी भोपाल के जहांगीराबाद इलाका में दु समुदाय के बीच झड़प हो गईल। दुनो ओर से पत्थरबाजी भइल। सड़क पs भी खुलेआम तलवार चलत रहे। दुनो समूह के बीच भईल झड़प में आधा दर्जन से जादे लोग गंभीर रूप से घाही हो चुकल बाड़े। 

हर कोना-कोना पs नजर राखल जा रहल बा
घटना के खबर मिलते पुलिस मौका पs पहुंच के भार संभाल लेलस। स्थिति के देखत भारी पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा। हर कोना-कोना पs नजर राखल जा रहल बा. घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल जा रहल बा आ ओकर इलाज हो रहल बा। 

मारपीट के मामला दु दिन पहिले आईल रहे

भोपाल के जहांगीराबाद में दु दिन पहिले युवक के बीच मारपीट के मामला सोझा आईल रहे। तब से विवाद के स्थिति पैदा हो गईल बा| पथराव के खबर मिलते पुलिस के शीर्ष अधिकारी मौका पs पहुंचले। मामला के गंभीरता के देखत घटना स्थल के छावनी में बदल दिहल गईल बा। हालात अब काबू में आ गइल बा.

आज भइल जमके पत्थरबाजी
बता दीं कि जहांगीराबाद इलाका के एह जगह पs एगो पुरान गल्ला मंडी बा, जहाँ सिख आ विशेष समुदाय के लोग भारी संख्या में रहेला। दू दिन के झगड़ा के बाद आजु सबेरे सिख समुदाय के लोग जुट के ओह खास समुदाय के एगो आदमी पs हमला कs दिहलस. एह दौरान घरन पs पत्थर आ तलवार चलावल जात रहे। 

एकरा संगे अब पुलिस दुनो पक्ष के खिलाफ कार्रवाई करतिया। सीसीटीवी के माध्यम से उs लोग तलवारबाजी अवुरी पत्थरबाजी में शामिल लोग के तलाश में जुटल बाड़े। पुलिस के कहना बा कि अब हालात काबू में बा.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 3 गो योगासन, हाथ आ गोड़ के दरद से मिली आराम

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.