Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Indian Railway: 21 जून से देश में चली ‘भारत गौरव ट्रेन’, जानीं एकरा बारे में सबकुछ

Bharat Gaurav Train: भगवान राम से जुड़ल स्थलन के जाये वाला ई ट्रेन 18 दिन के जतरा पs निकली आ फेर वापस दिल्ली आ जाई। एह ट्रेन में कुल 10 डिब्बा बा आ 600 यात्री यात्रा कs सकत बा लो।

303

Indian Railway Bharat Gaurav Train: धार्मिक यात्रा (Pilgrimage) के बढ़ावा देवे खातिर 21 जून से भारत गौरव ट्रेन (Bharat Gaurav Train) चलावल जाई। प्रधानमंत्री एही साल देश के ऐतिहासिक स्थलन के देखावे वाली ट्रेनन के सीरीज के रूप में भारत गौरव ट्रेन के एलान कइले रहस। रेल मंत्रालय (Railway Ministry) आईआरसीटीसी (IRCTC) के एकर जिम्मेदारी देले रहे। ई ट्रेन दिल्ली से नेपाल (Nepal) के जनकपुर (Janakpur) तक जाई। ट्रेन यात्रा खातिर पूरा तरे तइयार बा।

एकरा के भीतर आ बाहर से खूबसूरती से सजावल गइल बा। बाहर से ट्रेन पs देश के नृत्य शैलियन के प्रदर्शित कइल गइल बा। ताजमहल, हवामहल, काशी के मंदिर आ सूर्यमंदिर जइसन गौरव स्थलन के दर्शावल गइल बा। एह ट्रेन के भीतरो देश के गौरव स्थलन के तस्वीर लगावल गइल बा। एकरा अलावे ट्रेन में एगो पूजो घर बनावल गइल बा जवना के यात्री सामूहिक भोज, कीर्तन आ बैठक के रूप में इस्तेमाल कs सकत बा लो।

केतना दिन के यात्रा पs निकली ट्रेन?

भगवान राम से जुड़ल प्रमुख स्थलन के जाये वाला ई ट्रेन 18 दिन के यात्रा पs निकली आ अट्ठारहवां दिन दिल्ली के सफदरजंग स्टेशन पs वापस आ जाई। एह ट्रेन में कुल 10 डिब्बा बा एमे 600 यात्री यात्रा कs सकत बा लो। समूचा ट्रेन थर्ड एसी बा। एकर एक व्यक्ति के किराया लगभग 62 हजार बा जेमे ट्रेन यात्रा के साथे भोजन, होटल, आ बसन के किरायो शामिल बा।

रेल मंत्रालय आईआरसीटीसी के एह ट्रेन के ज़िम्मेदारी देले रहे। आईआरसीटीसी एगो प्राईवेट पार्टनर के रूप में अपना सबसे बड़ केटरिंग पार्टनर आर के एसोशिएट्स एंड होटलियर्स प्राईवेट लिमिटेड के चुनले बा। भारत गौरव ट्रेनन के कड़ी में पहिला ट्रेन भारत दर्शन के अंतर्गत चिन्हित रामायण सर्किट पs प्रभु श्रीराम के जिनगी से जुड़ल स्थलन के पर्यटन कराई। नेपाल इस्थित जनकपुर मे राम जानकी मंदिर के भ्रमण ट्रेन टूर में शामिल होई।

 

टूर के दौरान खाना में दिहल जाई शाकाहारी खाना

21 जून के दिल्ली के सफदरजंग रेलवे स्टेशन से ई ट्रेन 18 दिन के टूर पs रवाना होई। एह ट्रेन में कुल 10 कोच यात्रियन खातिर होई जेमे कुल 600 यात्री यात्रा कs सकी लो। एह ट्रेन में पैन्ट्री कोच के सुविधा होई जवना से पर्यटकन के ओह लो के बर्थ पs शाकाहारी भोजन परोसल जाई। एकरा संगही सीसीटीवी कैमरा, सिक्युरिटी गार्ड इत्यादि के बेवस्थो उपलब्ध करावल जाई। मेसर्स आर. के. एसोसिएटस् एह भारत गौरव ट्रेन खातिर आईआरसीटीसी के साथे सर्विस पार्टनर रही। ताजा पाकल भोजन आ आउर खाये पीये के सब सुविधा के इंतजामो एही प्राईवेट पार्टनर के होई।

का होई यात्रा के पहिला चरण?

यात्रा के पहिला पड़ाव भगवान राम के जन्म स्थान अयोध्या होई जहां श्री राम जन्मभूमि मंदिर, श्री हनुमान मंदिर आ नंदीग्राम में भरत मंदिर के दर्शन करावल जाई। अयोध्या से रवाना होके ई ट्रेन बक्सर जाई जहां श्री विश्वामित्र जी के आश्रम आ रामरेखा घाट पs गंगा नहान के कार्यक्रम होई। इहां से ट्रेन सीतामढ़ी जाई जहां जानकी जन्म स्थान बा। उर उहां से ट्रेन नेपाल के जनकपुर इस्थित राम जानकी मंदिर के दर्शन करे जाई।

यात्रा के दूसरा चरण : नेपाल से वापसी के यात्रा

नेपाल से लवटत बेरा ट्रेन के अगिला पड़ाव भगवान शिव के नगरी काशी होई जहां से पर्यटक बसन द्वारा काशी के प्रसिद्ध मंदिरन सहित सीता समाहित स्थल, प्रयाग, श्रृंगवेरपुर आ चित्रकूट के यात्रा करावल जाई। एह दौरान काशी, प्रयाग आ चित्रकूट में रात्रि विश्राम होई।

यात्रा के तीसरा चरण : रामेश्वरम, कांचीपुरम, भद्राचलम

चित्रकूट से चलके ई ट्रेन नासिक पहुंची जहां पंचवटी आ त्रयंबकेश्वर मंदिर के भ्रमण कइल जा सकी। नासिक के बाद प्राचीन किष्किंधा नगरी हंपी में एह ट्रेन के पड़ाव होई, जहां अंजनी पर्वत इस्थित हनुमान जन्म स्थल आ आउर महत्वपूर्ण धार्मिक विरासत के मंदिरन के दर्शन श्रद्धालुअन के करावल जाई।

हंपी के बाद एह ट्रेन के अगिला पड़ाव रामेश्वरम होई। इहां पs पर्यटकन के प्राचीन शिव मंदिर आ धनुषकोटी के दर्शन करावल जाई। रामेश्वरम से चलके ई ट्रेन कांचीपुरम पहुंची जहां शिव कांची, विष्णु कांची आ कामाक्षी माता मंदिर के भ्रमण करावल जाई। एह ट्रेन के अंतिम पड़ाव तेलंगाना राज्य में इस्थित भद्राचलम होई जवना के दक्षिण के अयोध्या के नामो से जानल जाला। ई ट्रेन 18 वां दिने दिल्ली वापस पहुंची। एह दौरान ट्रेन लगभग 8000 किलोमीटर के यात्रा पूरा कs चुकल होई।

का होई भारत गौरव ट्रेनन के थीम ?

भारत गौरव ट्रेनन के थीम ‘देखो अपना देश’ होई। भारत गौरव पर्यटक ट्रेन ‘देखो अपना देश’ के मोताबिक घरेलू पर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर चलावल जा रहल बा।

केतना बा टिकट के कीमत?

आईआरसीटीसी (IRCTC) एह 18 दिन के यात्रा खातिर रु 62370/- प्रति व्यक्ति के शुल्क निर्धारित कइले बा। भुगतान खातिर कुल राशि के 3, 6, 9, 12, 18 आ 24 महीना के किश्तन मे पूरा कइल जा सकी। एह टूर पैकेज के कीमत में यात्रियन के रेल यात्रा के अलावे स्वादिष्ट शाकाहारी भोजन, बसन से पर्यटक स्थलन के भ्रमण, एसी होटलन में ठहरे के बेवस्था, गाइड आ इंश्योरेंस के सुविधो उपलब्ध करावल जाई। सरकार/पीएसयू के कर्मचारी एह यात्रा पर वित्त मंत्रालय (Finance Ministry) भारत सरकार (Government Of India) द्वारा जारी दिशा-निर्देशन के आधार पs पात्रता के मोताबिक एलटीसी (LTC) सुविधा के लाभ उठा सकत बा लो।

276390cookie-checkIndian Railway: 21 जून से देश में चली ‘भारत गौरव ट्रेन’, जानीं एकरा बारे में सबकुछ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.