भागलपुर में बम विस्फोट में 10 लोगन के मौत, मलबा में अभियो कइयन लोग दबल बा…

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 4, 2022

रेसक्यू बा जारी... बारूद आ लोहा के कील मिलल... 5 किमी ले दहलल इलाका....

Share

बिहार के भागलपुर शहर के काजवली चक इलाका में बियफे के रात के 11:30 बजे के लपेट में भइल बम धमाका में 10 लोगन के मौत हो गइल। भोरे नव बजे के बाद एगो लईका समेत तीन लोगन के शव निकालल गइल। मलबा में अभियो कव गो लोग दबल बा, जेकरा के निकाले के कोसिस हो रहल बा। विस्फोट में 11 लोग गंभीर रूप से घायल बा।

विस्फोट एतना जोरदार रहे कि अगरी-कगरी के 4 गो घर ढह गइल। विस्फोट से 5 किमी के इलाका दहल उठल बा। ब्लास्ट नवीन मण्डल आ गणेश मण्डल के घर के बीचे भइल बा। विस्फोट केकरा घर में भइल, ई अभी ले साफ नइखे हो सकल।

कुछे दिन पहिले IB भागलपुर पुलिस के अलर्ट कइले रहे। धमाका के चपेट में कव गो घर आ गइल बा, एहीसे ई ममिला सक के नजर से देखल जात बा। पुलिस के मलबा से 5 किलो बारूद आ ढ़ेरे मात्रा में लोहा के कील मिलल बा।

साभार-भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.