Karwa Chauth 2024: करवा चौथ पs भद्रा के साया, पूजा के दौरान पढ़ी इs मंत्र आ आरती

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 17, 2024

करवा चौथ हिन्दू धर्म के एगो महत्वपूर्ण परब हs, जवना से पति-पत्नी के रिश्ता पs भरोसा बढ़ेला। एह परब के प्रेम आ स्नेह के प्रतीक मानल जाला। एह दिन मेहरारू लोग अपना पति के सुखद

Share

करवा चौथ

करवा चौथ हिन्दू धर्म के एगो महत्वपूर्ण परब हs, जवना से पति-पत्नी के रिश्ता पs भरोसा बढ़ेला। एह परब के प्रेम आ स्नेह के प्रतीक मानल जाला। एह दिन मेहरारू लोग अपना पति के सुखद दाम्पत्य जीवन लंबा उमिर खातिर निर्जला के व्रत करेले। धार्मिक मान्यता के अनुसार करवा चौथ के व्रत के शुरुआत सर्गी खइला से होला जवन सूर्योदय से लगभग 2 घंटा पहिले खाइल जाला।

एह साल भदरा भी करवा चौथ के दिन कुछ समय खातिर रही। भद्रा हिन्दू धर्म में अशुभ काल मानल जाला। भद्रा के समय कवनो शुभ काम ना होला। अबकी बेर 20 अक्टूबर 2024 के करवा चौथ के व्रत मनावल जाई। करवा चौथ के दिन भदरा पूरा 21 मिनट ले रही। 20 अक्टूबर के भद्रा के समय सबेरे 6.24 से 6.46 बजे ले रही।

अइसना में पूजा के दौरान करवा माता के एह आरती आ मंत्र के जप कइला से व्रत पs कवनो नकारात्मक प्रभाव ना पड़ी। एकरा बारे में जानीं.

करवा चौथ के मंत्र

श्रीगणेश के मंत्र – ॐ गणेशाय नमः

शिव के मंत्र – ॐ नमः शिवाय

पार्वतीजी के मंत्र – ॐ शिवायै नमः

स्वामी कार्तिकेय के मंत्र – ॐ षण्मुखाय नमः

चंद्रमा के पूजन मंत्र – ॐ सोमाय नमः

‘मम सुख सौभाग्य पुत्र-पौत्रादि सुस्थिर श्री प्राप्तये करक चतुर्थी व्रतमहं करिष्ये।’

‘नमस्त्यै शिवायै शर्वाण्यै सौभाग्यं संतति शुभा। प्रयच्छ भक्तियुक्तानां नारीणां हरवल्लभे।’

करवा चौथ के आरती

ओम जय करवा मैया, माता जय करवा मैया।

जो व्रत करे तुम्हारा, पार करो नइया।। ओम जय करवा मैया।

सब जग की हो माता, तुम हो रुद्राणी।

यश तुम्हारा गावत, जग के सब प्राणी।।

कार्तिक कृष्ण चतुर्थी, जो नारी व्रत करती।

दीर्घायु पति होवे , दुख सारे हरती।।

ओम जय करवा मैया, माता जय करवा मैया।

जो व्रत करे तुम्हारा, पार करो नइया।।

होए सुहागिन नारी, सुख संपत्ति पावे।

गणपति जी बड़े दयालु, विघ्न सभी नाशे।।

ओम जय करवा मैया, माता जय करवा मैया।

जो व्रत करे तुम्हारा, पार करो नइया।।

करवा मैया की आरती, व्रत कर जो गावे।

व्रत हो जाता पूरन, सब विधि सुख पावे।।

ओम जय करवा मैया, माता जय करवा मैया।

जो व्रत करे तुम्हारा, पार करो नइया।।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.