‘बैंक ऑफ बड़ौदा राष्ट्रभाषा सम्मान’ के सुरुआत के भइल  घोषणा, हिंदी में अनूदित कृति के मिली 61 लाख के पुरस्कार

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 21, 2023

जयपुर लिटरेचर फेस्टिवल में भारत के सार्वजनिक बैंकन में से एगो बैंक ऑफ़ बड़ौदा हिंदी साहित्य के लेखक आ एकर अनुवादक खातिर एगो सम्मान के एलान कइल गइल बा। बैंक ऑफ़ बड़ौदा एह सम्मान के

Share

जयपुर लिटरेचर फेस्टिवल में भारत के सार्वजनिक बैंकन में से एगो बैंक ऑफ़ बड़ौदा हिंदी साहित्य के लेखक आ एकर अनुवादक खातिर एगो सम्मान के एलान कइल गइल बा। बैंक ऑफ़ बड़ौदा एह सम्मान के ‘बैंक ऑफ़ बड़ौदा राष्ट्रभाषा सम्मान’ के नाम देले बा

अइसन में एह सम्मान के तहत हिंदी में अनूदित आ दु साल के भीतर प्रकाशित कृति के 61 लाख रूपिया के पुरस्कार दिहल जाई। रउआ के बता दीं कि ई पुरस्कार लेखक आ एकरा अनुवादक दुनो के दिहल जाई बाकिर दुनो के पुरस्कार के राशि अलग-अलग होई।

जयपुर लिटरेचर फेस्टिवल में ‘बैंक ऑफ़ बड़ौदा राष्ट्रभाषा सम्मान’ पs बोलत बैंक के प्रबंध निदेशक आ मुख्‍य कार्यपालक अधिकारी संजीव चड्ढा कहले हs कि एह सम्मान से भारतीय साहित्य के अनुवाद कार्य के प्रोत्साहन मिली।

अइसन में एह सम्मान के तहत क्षेत्रीय भाषा में लिखल गइल चयनित उपन्‍यास के लेखक आ ओकर अनुवादक दुनो के पुरस्‍कार मिली। एकरा तहत हर साल चयनित उपन्‍यास के लेखक के 21 लाख रुपिया आ ओकरा अनुवादक के 15 लाख रुपए मिली।

साभार: लोकमत न्यूज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.