एयर इंडिया के फ्लाइट के फेर लौटे के पड़ल दिल्ली, जात रहे इंडोनेशिया; ज्वालामुखी विस्फोट बनल वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 18, 2025

भारत से इंडोनेशिया जाए वाली एयर इंडिया के एगो अउरी उड़ान के आपन रूट डायवर्ट करे के पड़ल। एह उड़ान के बीच रास्ता में नई दिल्ली लवटे के पड़ल। असल में इंडोनेशिया के बाली हवाई

Share

भारत से इंडोनेशिया जाए वाली एयर इंडिया के एगो अउरी उड़ान के आपन रूट डायवर्ट करे के पड़ल। एह उड़ान के बीच रास्ता में नई दिल्ली लवटे के पड़ल। असल में इंडोनेशिया के बाली हवाई अड्डा के लगे ज्वालामुखी विस्फोट के चलते एयर इंडिया के उड़ान के दिल्ली वापस आवे के पड़ल। राजधानी से बाली जात रहे।

एयर इंडिया के कहनाम बा कि, फ्लाइट सकुशल वापस दिल्ली उतरल अवुरी सभ यात्री के उतार दिहल गईल। बयान में कहल गईल कि, 18 जून के दिल्ली से बाली जाए वाली एयर इंडिया के फ्लाइट एआई2145 के बाली हवाई अड्डा के नजदीक ज्वालामुखी विस्फोट के खबर के चलते सुरक्षा के नजरिया से दिल्ली लवटे के सलाह दिहल गईल रहे। एयर इंडिया के कहनाम बा कि यात्रियन के होटल में रहे के इंतजाम कईल गईल बा। एकरा संगे टिकट रद्द होखला पs पूरा रिफंड चाहे बिना कवनो अतिरिक्त शुल्क के यात्रा के समय-निर्धारण के सुविधा भी यात्री के दिहल जाता।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.