Sant Kabir Nagar News: ताबड़तोड़ भइल फायरिंग में बाबा- नाती जख्मी, मामूली विवाद में चलल गोली

By Anurag Ranjan

Published on: May 22, 2024

  महुली थाना क्षेत्र के मुखलिसपुर में मंगल के दिन में भईल भयंकर गोलीबारी में बाबा अवुरी पोता घाही हो गईले। एगो छोट विवाद के लेके अवैध हथियार से गोलीबारी में घाही लोग के इलाज

Share

 

महुली थाना क्षेत्र के मुखलिसपुर में मंगल के दिन में भईल भयंकर गोलीबारी में बाबा अवुरी पोता घाही हो गईले। एगो छोट विवाद के लेके अवैध हथियार से गोलीबारी में घाही लोग के इलाज खातीर जिला अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर दुनो के इलाज शुरू कs देले।

जिला अस्पताल से मिलल जानकारी के मुताबिक घाही के पहचान हरिराम के बेटा धीरज कुमार उम्र 30 साल, छोटेलाल पुत्र गोला प्रसाद 65  मोखलिसपुर थाना महुली के रूप में भईल बा। घटना के जानकारी मिलला के बाद पुलिस मामिला के जांच शुरू कs देलस।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.