असम में बाढ़ से स्थिति बनल गंभीर, 6 अउर लोगन के भइल मउत, काजीरंगा नेशनल पार्क में तबाही

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 7, 2024

  शनिचर के दिने असम में बाढ़ के हालात गंभीर बनल रहला के चलते अउरी छह लोग के मउत हो गइल. राज्य के प्रमुख नदी कई जगहा खतरा के निशान से ऊपर बह रहल बाड़ी

Share

 

शनिचर के दिने असम में बाढ़ के हालात गंभीर बनल रहला के चलते अउरी छह लोग के मउत हो गइल. राज्य के प्रमुख नदी कई जगहा खतरा के निशान से ऊपर बह रहल बाड़ी सs। बाढ़ से करीब 24 लाख लोग प्रभावित बाड़े। ई जानकारी एगो आधिकारिक बुलेटिन में दिहल गइल बा. असम राज्य आपदा प्रबंधन प्राधिकरण (एएसडीएमए) के बुलेटिन के मुताबिक, विनाशकारी बाढ़ के चलते चराईदेव में दु जने अवुरी ग्वालपाड़ा, मोरीगांव, सोनितपुर अवुरी तिनसुकिया जिला में एक-एक जने के मउत हो गईल। एह साल असम में बाढ़, भूस्खलन आ तूफान के चलते 72 लोग के मउत हो चुकल बा.

29 जिला के करीब 24 लाख लोग बाढ़ से प्रभावित भईले

बुलेटिन के मुताबिक 29 जिला में कुल 23,96,648 लोग बाढ़ से प्रभावित भईल बाड़े, जबकि 68,768.5 हेक्टेयर फसल डूब गईल बा। कुल 53,429 प्रभावित लोग 577 राहत शिविर में शरण लेले बाड़े। ब्रह्मपुत्र नदी निमतीघाट, तेजपुर, ग्वालपाड़ा आ धुबरी में खतरा के निशान से ऊपर बहत बिया। एकर सहायक नदी भी कई जगह खतरा के निशान से ऊपर बह रहल बाड़ी सs। बता दीं कि असम के मशहूर काजीरंगा नेशनल पार्क (केएनपी) में आइल विनाशकारी बाढ़ में 114 जंगली जानवरन के जान चल गइल बा, जबकि शनिचर ले 95 गो अउरी जानवरन के बचावल जा चुकल बा. एगो अधिकारी इs जानकारी देले। केएनपी में पशु मृत्यु दर बियफे ले बढ़ के 77 हो गइल बा. केएनपी में डूबे के चलते चार गैंडा अवुरी 94 ‘हॉग हिरण’ के जान गईल। एकरा अलावे एहमें 11 गो अउरी जानवर शामिल बाड़े जिनकर इलाज के दौरान मउत हो गइल.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.