Asia Cup 2022: भारत के लागल बड़ झटका, स्टार ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा एशिया कप से बाहर, ई खिलाड़ी भइलें टीम में सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 2, 2022

भारत के स्टार ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा एशिया कप से बाहर हो गइल बाड़े। उनका स्थान पs भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) अक्षर पटेल के टीम में सामिल कइलें बा। बीसीसीआई बतवलस कि जडेजा के दहिना

Share

भारत के स्टार ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा एशिया कप से बाहर हो गइल बाड़े। उनका स्थान पs भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) अक्षर पटेल के टीम में सामिल कइलें बा। बीसीसीआई बतवलस कि जडेजा के दहिना घुटना में चोट लागल बा आ ऊ टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़े। फिलहाल बीसीसीआई के मेडिकल टीम उनकर देखरेख कs रहल बिया।

उनका जगे टीम में सामिल कइल गइल अक्षर पटेल पहिलजी रिजर्व खिलाड़ी के रूप में टीम के संगे रहस आ जल्दिये दुबई में टीम के साथे जुड़ जइहें। भारतीय टीम पाकिस्तान आ हॉन्गकॉन्ग के हरवला के बाद एशिया कप के सुपर-4 में पहुंच चुकल बिया। उहां ओकर मुकाबला श्रीलंका आ अफगानिस्तान से होखे के बा। पाकिस्तान जदि हॉन्गकॉन्ग के हरा देत बा तs उ भारत से सुपर-4 में खेली

सानदार लय में रहस जडेजा

एशिया कप में रवींद्र जडेजा सानदार लय में रहस। ऊ पाकिस्तान के खिलाफ दु ओवर में 11 रन देले रहले आ बल्ला के साथे 29 गेना में 35 रन के अहम पारी खेलले रहस। ऊ हार्दिक पांड्या के संगे अर्धशतकीय साझेदारी कs के भारतीय टीम के मुश्किल से निकलले रहस आ जीत के दहलीज पs ले गइल रहस। एह मैच में ऊ एगो अहम कैचो पकड़ले रहस। ओहिजा, दूसरा मैच में हॉन्गकॉन्ग के खिलाफ जडेजा चार ओवर में खाली 15 रन देले रहस आ एगो विकेट लेले रहस। एकरा अलावे ऊ एगो सानदार रन आउटो कइले रहलें।

एशिया कप खातिर भारत के टीम:

रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल (उप-कप्तान), विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, दीपक हुड्डा, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), दिनेश कार्तिक (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल , रविचंद्रन अश्विन, युजवेंद्र चहल, रवि बिश्नोई, भुवनेश्वर कुमार, अर्शदीप सिंह, आवेश खान।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.