Asia Cup 2025 : अफगानिस्तान कइलस टीम के एलान, राशिद खान के कमान, विराट कोहली से लड़े वाला के भइल वापसी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 24, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। अफगानिस्तान क्रिकेट बोर्ड अतवार के अगिला महीना से सुरू हो रहल एशिया कप-2025 खातिर आपन टीम (Afganistan Cricket Team) के एलान कs देले बा। संयुक्त अरब अमीरात में खेलल जाये वाला एह टूर्नामेंट

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। अफगानिस्तान क्रिकेट बोर्ड अतवार के अगिला महीना से सुरू हो रहल एशिया कप-2025 खातिर आपन टीम (Afganistan Cricket Team) के एलान कs देले बा। संयुक्त अरब अमीरात में खेलल जाये वाला एह टूर्नामेंट में राशिद खान टीम के कप्तानी करत नजर अइहें। टूर्नामेंट नव से 28 सितंबर के बीच अबू धाबी आ दुबई में खेलल जाई।

अबकी बेर एशिया कप के आयोजन टी20 फॉर्मेट में होखे के बा। एह प्रारूप में अफगानिस्तान के टीम के केहूओ हल्का में नहीं ले सकत। इस टीम ने पिछले साल खेले गए टी20 वर्ल्ड कप में कइयन गो बड़ टीमन के मात देत सेमीफाइनल में जगह बनवले रहे। एशिया कप में अफगानिस्तान बहुते मजबूत टीम के तौर पs उतरी।

एह खिलाड़ी के भइल वापसी

राशिद खान टी20 के दिग्गज खिलाड़ी हवे आ उनकर फिरकी कवनो बल्लेबाज के परेसान कs सकत बा। उनका लगे टी20 के अच्छा अनुभव बा जवन टीम के कामे आई। टीम में तेज गेंदबाज नवीन उल हक के वापसी भइल बा। नवीन उल हक उहे खिलाड़ी हवे जिनकर आईपीएल-2023 में विराट कोहली से लड़ाई भइल रहे आ ई विवाद बहुते लमहर चलल रहे। उनका वापसी से टीम के तेज गेंदबाजी के गहराई मिली। उनका अलावे टीम में फजलहक फारुखी, नूर अहमद आ शराफु्द्दीन अशरफ बा लो

टीम में अच्छा मिश्रण

टीम (Afganistan Cricket Team) में युवा जोश आ अनुभवी खिलाड़ियन के अच्छा मिश्रण बा। मोहम्मद नबी के रूप में राशिद के लगे बहुते अनुभवी खिलाड़ी बाड़ें आ उनकर साथ देवे खातिर मवजूद बा लोग गुलबदीन नैब, करीम जनत आ मुजीब उर रहमान। जहां तक बल्लेबाजी के बात बा तs यहां रहमानुल्लाह गुरबाज, इब्राहिम जादरान आ दरविश रसूली जइसन नाम बा।

अफगानिस्तान क्रिकेट टीम- राशिद खान (कप्तान), रहमानुल्लाह गुरबाज, इब्राहिम जादरान, दरविश रसूली, सदिकुल्लाह अटल, अजमतुल्लाह उमरजई, करीम जनत, मोहम्मद नबी, गुलबदीन नैब, शराफुद्दीन अशरफ, मोहम्मद इशाक, मुजीब उर रहमान, अल्लाह गजनफर, नूर अहमद, फरीद मलिक, नवीन-उल-हक, फजलहक फारूकी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.