Arvind Kejriwal Birthday: आज CM केजरीवाल के जन्मदिन, जेल के बहरी कार्यकर्ता लोग जन्मदिन मनवले; राहुल बधाई देले

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 16, 2024

आज आम आदमी पार्टी के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन हs। आम आदमी पार्टी के कार्यकर्ता नेतिहार जेल के बहरी अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन मनइले। आज आम आदमी पार्टी के संयोजक

Share

आज आम आदमी पार्टी के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन हs। आम आदमी पार्टी के कार्यकर्ता नेतिहार जेल के बहरी अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन मनइले।

आज आम आदमी पार्टी के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन हs । आम आदमी पार्टी के कार्यकर्ता नेतिहार जेल के बहरी अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन मनाई। एकरा संगे-संगे आप के नेता दिल्ली के सीएम के जन्मदिन पs बधाई देले। अतिशी सोशल मीडिया पर केजरीवाल के शुभकामना दिहली ।

अतिशी लिखली कि, ‘आज आधुनिक भारत के क्रांतिकारी अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन हs, जे अपना शासन मॉडल से दिल्ली के हालत बदल देले। दिल्ली के जनता के आपन ईमानदार राजनीति से नया उम्मीद दे दिहलस। तानाशाही से लड़त लाखों लोग के भविष्य बनावे वाला अरविंद आज एगो झूठा मामला में जेल में बंद बाड़े। बाकिर सच्चाई हावी हो जाई आ दिल्ली वालन के पसंदीदा मुख्यमंत्री सामने आ जइहें।

मनीष सिसोदिया सोशल मीडिया पs लिखले कि देश में चलत तानाशाही के खिलाफ सबसे कड़ा लड़ाई लड़े वाला दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन के बहुत बहुत शुभकामना। हमनी के गर्व बा कि हमनी के एगो देशभक्त आ क्रांतिकारी नेता के सिपाही हईं जा जे तानाशाह का सोझा घुटना टेके से बेसी जेल जाए के फैसला कइले बाड़न। आज देश के लोकतंत्र अरविंद केजरीवाल के रूप में जेल में बंद बा।

राहुल गांधी इंस्टाग्राम पs ट्वीट क के सीएम केजरीवाल के जन्मदिन पs बधाई देले। ऊ लिखले कि, दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जन्मदिन के बहुत बहुत शुभकामना। आशा बा कि रउरा सभे स्वस्थ आ खुश रहीं । अन्याय के खिलाफ एह जंग में भारत रउरा साथे बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.