गोरखपुर: सेना के जवान के मौत, परिवार पs टुटल पहाड़

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 24, 2022

चौरीचारा के झंगहा झेत्र के ग्राम पंचायत राघोपट्टी पडरी के टोला फैलहा के रहनिहार 30 बरिस के हवलदार धनंजय यादव के निधन से परिवार पs पहाड़ टूट गइल बा। धनंजय सिक्किम में तैनात रहस। मंगर

Share

चौरीचारा के झंगहा झेत्र के ग्राम पंचायत राघोपट्टी पडरी के टोला फैलहा के रहनिहार 30 बरिस के हवलदार धनंजय यादव के निधन से परिवार पs पहाड़ टूट गइल बा। धनंजय सिक्किम में तैनात रहस। मंगर के देर साँझ के उनका घरे जब उनका ना रहला के खबर आइल तs कोहराम मच गइल। मृतक के परिवार के लोग विभाग के अधिकारियन पs बेटा के उत्पीड़न के आरोप लगवले बा।

फैलहा के रहनिहार रामनाथ यादव के इकलौता बेटा धनंजय यादव सेना में शिक्षक के पद पs सिक्किम में आर्मी एजुकेशन कोर हेड क्वार्टर 112 माउटेन ब्रिगेड यूनिट में 4/5 जीआर एचआरडीसी चातल में तैनात रहस। मंगर के देर साँझ फोन पs उनका निधन के खबर मिलल। फोन करे आला बतावल कि तीन दिन से धनंजय यादव अपना बैरक के बिछवना से गायब रहस आ उनकर मोबाइल आ आईडी बिछवना पs पड़ल रहे।

ओहिजा मृतक सेना जवान के साथी घर पs सूचना देले कि उनकर शव कंपनी से कुछ दूर पs मिलल बा। घर पs इकलौता बेटा के मौत के खबर पहुंचते परिवार में कोहराम मच गइल आ समूचा गांव में मातम छा गइल। मृतक के बाबूजी रामनाथ यादव, माई फूलमती देवी आ छोट बहिन आरती के रो-रो के हाल बेहाल बा। धनंजय यादव के बियाह तय रहे। उनकर बियाह मई में होखे आला रहे। परिवार बेटा के बियाह के तइयारी में जुतल रहे आ अचके उनका मौत से बिपत के पहाड़ टूट पड़ल बा। धनंजय अपना परिवार के सहारा रहस।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.