CBSE 10वीं-12वीं सप्लीमेंट्री परीक्षा खातिर आवेदन सुरू: 300 रुपिया प्रति विषय देवे के होई शुल्क, 15 जुलाई से होई एग्जाम

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 2, 2024

केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) कावर से 10वीं आ 12वीं सप्लीमेंट्री परीक्षा खातिर आवेदन के प्रक्रिया सुरू हो गइल बिया। खाली ऊ छात्र जेकर नाम ऑनलाइन प्रक्रिया के माध्यम से जमा कइल गइल बा। उहे

Share

केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड (CBSE) कावर से 10वीं आ 12वीं सप्लीमेंट्री परीक्षा खातिर आवेदन के प्रक्रिया सुरू हो गइल बिया। खाली ऊ छात्र जेकर नाम ऑनलाइन प्रक्रिया के माध्यम से जमा कइल गइल बा। उहे सीबीएसई सप्लीमेंट्री एग्जाम 2024 में सामिल हो पाई।

बोर्ड कहलस कि सीबीएसई सप्लीमेंट्री एग्जाम में सामिल होखे वाला छात्रन से संपर्क कइल स्कूलन के जिम्मेदारी बा। स्टूडेंट्स सीबीएसई के आधिकारिक वेबसाइट cbse.gov.in पs जाके सप्लीमेंट्री एग्जाम खातिर आवेदन 15 जून तक कs सकत बा।

300 रुपिया प्रति विषय देवे के होई शुल्क

दसवीं आ बारहवीं में एक भा दु विषयन में असफल छात्र सप्लीमेंट्री परीक्षा खातिर अप्लाई कs सकत बा। सप्लीमेंट्री परीक्षा खातिर भारत के छात्रन के प्रति विषय 300 रुपिया के शुल्क देवे के होई। ओहिजा, लेट होखला पs छात्रन के निर्धारित शुल्क के अलावे 2000 रुपिया के जुर्माना देवे के होई। लेट फाइन के संगे आवेदन 16 आ 17 जून के आवेदन कइल जाई। एकरा अलावे दृष्टिबाधित छात्रन के परीक्षा शुल्क के भुगतान से छूट दिहल गइल।

15 जुलाई के आयोजित होई परीक्षा

सीबीएसई के ओर से जारी सप्लीमेंट्री शेड्यूल के अनुसार, कक्षा 12 खातिर सब विषयन के सप्लीमेंट्री एग्जाम एके दिन माने 15 जुलाई के आयोजित कइल जाई। जबकि बोर्ड कक्षा 10 के सप्लीमेंट्री एग्जाम 15 जुलाई से सुरू होई। बोर्ड जल्दिये सप्लीमेंट्री एग्जाम के एडमिट कार्ड जारी करी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.