Anupamaa New Promo: अनुपमा के जिनगी में भइल मालती देवी के एंट्री, नया प्रोमो के ट्विस्ट देखके रउरा भी हो जाएंब हैरान

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2023

  शो अनुपमा में अब अनुपमा के रंग बदलत देखाई दिही, काहे कि अब अनुपमा के जीवन में मालती देवी यानी अनुपमा के गुरु माँ के प्रवेश हो गईल बा। ‘अनुपमा’ में हमनी के रोज

Share

 

शो अनुपमा में अब अनुपमा के रंग बदलत देखाई दिही, काहे कि अब अनुपमा के जीवन में मालती देवी यानी अनुपमा के गुरु माँ के प्रवेश हो गईल बा। ‘अनुपमा’ में हमनी के रोज रोचक मोड़ देखे के मिलेला। जवना के वजह से प्रशंसकन के ई धारावाहिक बहुत पसंद बा। हालही में एह शो में देखावल गइल बा कि अनुज आ अनुपमा अलगा अलगा रहत बाड़े। एह शो में कुछ बड़हन मोड़ आवे वाला बा। हाल ही में एह शो के एगो नया प्रोमो जारी भइल बा। जवन भयंकर वायरल हो रहल बा। एकरा साथे साथ प्रशंसकन के एह प्रोमो के बहुते पसंद बा।

एह प्रोमो में देखावल जा रहल बा कि अनुपमा अपना माई से कहत बाड़ी कि रउरा याद बा कि बचपन में हम एके गो नाम लेत रहीं मालती देवी। किंजल हमरा के बिना सूचित कइले हमार नाम अपना गुरुकुल के भेज दिहली। अनुपमा कहत बाड़ी कि हमरा पूरा भरोसा नइखे कि हम उनका सोझा नाचब। दूसर ओर एगो बड़ मोड़ इ बा कि वनराज के खराब व्यवहार के बाद काव्य घर से बाहर निकल जईहे। काव्य के जात देख वनराज बेहोश हो जइहें। बा एह खराब समय में एक बेर फेरु अनुपमा के याद आ जाई।

एह प्रोमो पे प्रशंसक लगातार कमेंट करत बाड़े। एगो कहलन ना देखले बानी ना आगे देखब, कब प्रोमो आई जवना में अनुज रहीहें. #अगर मान होहिए त देखब। बिग बिग सॉरी अनुपमा टीम। उहे कहलस – अनुज नो अनुपमा । एक कहल साहब कृपया अनुज आ अनुपमा के अलगा होखे वाला सीरियल ट्रैक मत बनाईं हमनी के खाली ई दुनु रोमांटिक सीरियल जोड़ी देखेनी जा। कुछ अइसन देखाईं कि दुनु जने एक संगे बाड़े, बाकी कहानी जवन होखे, लेकिन हमनी के दुनो के एक संगे देखल चाहतानी।

 

 

 

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.