Bangladesh : बांग्लादेश में एगाे आउर हिंदू शख्स के संगे बर्बरता, बजेंद्र बिसवास के गोली मार के हत्या

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 30, 2025

सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश में अल्पसंख्यक हिंदुअन के खिलाफ हिंसा के खबर थमे के नाम नइखे लेत। मयमनसिंह जिला में मंगर के दिन एगो हिंदू आदमी के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल। एह महीना

Share

Bangladesh violence as Hindu man Bajendra Biswas shot dead in Mymensingh district

सेंट्रल डेस्क। बांग्लादेश में अल्पसंख्यक हिंदुअन के खिलाफ हिंसा के खबर थमे के नाम नइखे लेत। मयमनसिंह जिला में मंगर के दिन एगो हिंदू आदमी के गोली मार के हत्या कs दिहल गइल। एह महीना में ई तीसरका बेर कवनो हिंदू शख्स के हत्या के घटना हs। एकरा पहिले मयमनसिंह जिला में दीपू चंद्र दास के पीट-पीट के मार डालल गइल रहे। हाल के दिनन में बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन के खिलाफ हिंसा के ममिला तेजी से बढ़ल बा।

जानकारी के मोताबिक, बजेंद्र बिसवास एगो अर्धसैनिक समूह से जुड़ल रहलें, जवन गांव-देहात के सुरक्षा के जिम्मा संभारेला। बजेंद्र के गोली नोमान मियां नाम के एगो स्थानीय जुवक के ओर मारल गइल। बतावल पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कs लेले बिया।

घटना के बाद इलाका में तनाव फइल गइल बा आ सुरक्षा बेवस्था आउर कड़ा कs दिहल गइल बा। पुलिस ममिला के जांच में जुटल बिया।

Read Also : Bihar Health News : बिहार के हेल्थ सिस्टम के मिली नया मजबूती, खुली 3200 नया स्वास्थ्य उपकेंद्र

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.