अहमदाबाद-वडोदरा हाईवे पs भीषण हादसा, बस के ट्रक मरलस टक्कर, 6 लोगन के मउत- 8 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 15, 2024

    गुजरात के आणंद जिला में एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। सोमार के सबेरे एगो तेज रफ्तार ट्रक शहर के नजदीक अहमदाबाद-वडोदरा एक्सप्रेसवे पs सड़क के किनारे खड़ा बस से टकरा गईल। एह

Share

 

 

गुजरात के आणंद जिला में एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। सोमार के सबेरे एगो तेज रफ्तार ट्रक शहर के नजदीक अहमदाबाद-वडोदरा एक्सप्रेसवे पs सड़क के किनारे खड़ा बस से टकरा गईल। एह हादसा में 6 लोग के मउत हो गईल, जबकि 8 लोग घायल हो गईले। आणंद जिला के चिखोदरा गांव के नजदीक सबेरे साढ़े चार बजे के करीब दुर्घटना भईल।

आणंद ग्रामीण थाना के एगो अधिकारी बतवले कि अहमदाबाद के ओर जात एगो निजी लग्जरी बस के टायर फाट गईल रहे, जवना के चलते बस सड़क के किनारे खड़ा रहे। उ बतवले कि जब टायर बदलत रहे तs बस के यात्री उतर गईले अवुरी कुछ लोग बस के सोझा खड़ा होके इंतजार करत रहले, तबे एगो तेज रफ्तार ट्रक बस के पीछे से टक्कर मार देलस।

पुलिस अधिकारी बतवले कि 5 लोग के मउका पs मउत हो गईल, जबकि अस्पताल में इलाज के दौरान एक आदमी के मउत हो गईल। मरेवाला में बस चालक भी शामिल बाड़े। पुलिस के मुताबिक मरेवाला में से तीन महिला बाड़ी। अबे ले मरेवाला लोग के पहचान नईखे भईल। अधिकारी बतवले कि घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.