अमित रोहिदास भारत के कप्तान बरकरार

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 31, 2022

अमित रोहिदास के एह हफ्ता इंग्लैंड के खिलाफ होखे आला हॉकी प्रो लीग के दु गो मैच खातिर 22 सदस्यीय टीम के कप्तान बरकरार राखल गइल बा। संगही डिफ़ेडर नीलम संजीप के वापसी भइल बा।

Share

अमित रोहिदास के एह हफ्ता इंग्लैंड के खिलाफ होखे आला हॉकी प्रो लीग के दु गो मैच खातिर 22 सदस्यीय टीम के कप्तान बरकरार राखल गइल बा। संगही डिफ़ेडर नीलम संजीप के वापसी भइल बा। हॉकी इंडिया बुध के टीम के घोषणा कइलस। एमे वरुण कुमार के जगे एह खिलाड़ी के सामिल कइल गइल। एह सत्र में आठ मैच के बाद भारत (16 अंक) जर्मनी (17 अंक) से पाछे दूसरा स्थान पs बा।

भारत के दु मैच ला टीम- 

गोलकीपर: कृष्ण बहादुर पाठक, पीआर श्रीजेश।

डिफेंडर्स : सुरेंद्र कुमार, हरमनप्रीत सिंह, नीलम संजीव जेस, वरुण कुमार, अमित रोहिदास आ जुगराज सिंह।

मिडफील्डर: जसकरण सिंह, मनप्रीत सिंह, हार्दिक सिंह, नीलकांत शर्मा, शमशेर सिंह, राजकुमार पाल, सुमित आ  विवेक सागर प्रसाद।

फॉरवर्ड : गुरजंत सिंह, मनदीप सिंह, सुखजीत सिंह, अभिषेक, गुरसाहिबजीत सिंह आ शिलानंद लकड़ा।

अतिरिक्त खिलाड़ी : सूरज करकेरा, जरमनप्रीत सिंह, दीपसन टिर्की, गुरिंदर सिंह, मंदीप मोर, संजय, आकाशदीप सिंह, मोइरंगथेम रबीचंद्र सिंह, आशीष कुमार टोपनो, मोहम्मद राहील माउसेन, दिलप्रीत सिंह, ललित कुमार उपाध्याय आ सिमरनजीत सिंह।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.