Paris Olympics 2024: अमेरिकी धावक नोआन लाइल्स बनल विश्व के सबसे तेज पुरुष, 9.79 सेकेंड में पूरा कइलs 100 मीटर के दउड़

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 5, 2024

अमेरिकी धावक नोआह लाइल्स आखिरकार ऊ कs देखवलें, जवना के चरचा पिछला एक महीना से पूरा विश्व में होत रहे। सबसे रोमांचक दउड़ में से एगो में पुरुष 100 मीटर दउड़ में स्वर्ण पदक जीतके

Share

अमेरिकी धावक नोआह लाइल्स आखिरकार ऊ कs देखवलें, जवना के चरचा पिछला एक महीना से पूरा विश्व में होत रहे। सबसे रोमांचक दउड़ में से एगो में पुरुष 100 मीटर दउड़ में स्वर्ण पदक जीतके नोआह लाइल्स विश्व के सबसे तेज पुरुष बन गइल बाड़ें। सांसन के थाम देवे वाला ओह 10 सेकेंड में विश्व के शीर्ष एथलीटन के बीच अइसन मुकाबला भइल कि सेकेंड के छोटे हिस्सो में अंतर पता ना चल सकल।

जीवन के सर्वश्रेष्ठ 9.79 सेकेंड के समय निकालके अमेरिकी धावक लाइल्स दउड़ पूरी कइलस, बाकिर ऊ अइसन करे वाला एकमात्र धावक ना रहस। जमैका के फर्राटा धावक किशेन थांपसनो एतने समय में पूरी कइलें, बाकिर सेकेंड के 1000वां हिस्सा (.784) आ (.789) में दुनो के बीच अंतर निकालल जा सकल, जवना से से स्वर्ण आ रजत पदक धारक मिलल।

ओहिजा, पिछला बार के स्वर्ण पदक विजेता इटली के जैकब्स मार्सेल 9.85 सेकेंड में दउड़ पूरा कs के सत्र के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन कइलें, बाकिर एकरा बादो ऊ पांचवां स्थान पs रहलें। अमेरिकी धावक फ्रेड कर्ली 9.81 सेकेंड के संगे कांस्य विजेता बनलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.