बरफ से घिरल पहाड़ी पs पेड़ से टकराइल अमेरिकी विमान, दु लोगन के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 15, 2023

  अमेरिका के ऊटाह काउंटी सिटी के दक्खिन में विमान दुर्घटना के खबर बा। इहाँ एगो छोट विमान उड़ान भरत घरी अचानक बर्फीला पहाड़ में गिर गईल। एकरा चलते एकरा में सफर करत दु लोग

Share

 

अमेरिका के ऊटाह काउंटी सिटी के दक्खिन में विमान दुर्घटना के खबर बा। इहाँ एगो छोट विमान उड़ान भरत घरी अचानक बर्फीला पहाड़ में गिर गईल। एकरा चलते एकरा में सफर करत दु लोग के मउत हो गईल अवुरी एगो अवुरी आदमी घाही हो गईल। दुर्घटना के सही कारण के बारे में अबे ले पता नईखे चलल। हालांकि एकर कारण कम दृश्यता बतावल जा रहल बा। दुर्घटना तब भईल जब विमान बहुत ऊँचाई पs रहे अवुरी बर्फीला पहाड़ी के ऊपर से गुजरत रहे। ए दौरान विमान अचानक एगो पेड़ से टकरा गईल। वैसे अमेरिका में छोट-छोट विमान के अक्सर दुर्घटना होखेला।

ऊटाह काउंटी शेरिफ के सार्जेंट स्पेंसर कैनन बतवले कि अज्ञात कारण से विमान हल्का बरफ से घिरल पहाड़ी इलाका में पेड़ से टकरा गईल, जवना के चलते सवार दु लोग के मौका पs मउत हो गईल, जबकि तीसरा घाही हो गईल। कैनन के मुताबिक, बचावकर्मी घाही आदमी के मलबा से निकाल के अस्पताल ले गईले। डाक्टरन के टीम घायलन के इलाज में व्यस्त बिया। उ कहले कि घाही आदमी बोले अवुरी चले में सक्षम बा, जवन कि निमन संकेत बा।

विमान के बारे में जानकारी एकट्ठा हो रहल बा

दुर्घटनाग्रस्त विमान के पूरा विवरण एकट्ठा कइल जा रहल बा। कैनन के कहल बा कि एह घरी ई साफ नइखे कि विमान कहाँ से उड़ान भरले बा आ कहाँ जात रहे। मरेवाला अवुरी घाही के पहचान तक नईखे भईल। एहसे विमान के बारे में पूरा जानकारी एकट्ठा कईल जाता।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.