गोरखपुर में आग के गोला बनल 108 नंबर के एंबुलेंस:चलत एंबुलेंस में लागल आग

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 2, 2023

गोरखपुर में सनीचर के शाम एगो बड़ हादसा होने से बच गइल। खोराबार इलाका के गोरखपुर-देवरिया फोरलेन पs फॉरेस्ट क्लब के पास एगो 108 नंबर के सरकारी एंबुलेंस में आग लाग गइल। देखते-देखत एंबुलेंस धू-

Share

गोरखपुर में सनीचर के शाम एगो बड़ हादसा होने से बच गइल। खोराबार इलाका के गोरखपुर-देवरिया फोरलेन पs फॉरेस्ट क्लब के पास एगो 108 नंबर के सरकारी एंबुलेंस में आग लाग गइल।

देखते-देखत एंबुलेंस धू- धू क के जरे लागल। जहां ई हादसा भइल, ओकरे ठीक बगल में पेट्रोल पंप भी रहल। अइसे में एंबुलेंस में लागल आग देख पूरा इलाका में अफरा-तफरी मच गइल। तनिके देर ले फोरलेन पर ट्रैफिको रुक गइल।

आग के उठती लपट देख एंबुलेंस के ड्राइवर अउर असिस्टेंट शीशा तोड़कर गाड़ी से कूद गइलें, तब जा के उनकर जान बच सकल। उहवें सूचना पर पहुंचल पुलिस अउर फॉयर​ बिग्रेड के गा​ड़ी कुछ देर के मशक्कत के बाद आग बुतवले में कामयाब हो गइल। हालांकि, संयोग निम्मन रहे कि एंबुलेंस में कौनो मरीज नाइ रहल।

मरीज छोड़ के गोरखपुर से देवरिया जात रहे एंबुलेंस

पुलिस के मुताबिक, देवरिया के तरकुलहा इलाका के बालपुर निवासी पिंटू शर्मा 108 सेवा के एंबुलेंस के ड्राइवर बानें। शनिचर के साँझ के ऊ गोरखपुर मरीज छोड़ के वापस एंबुलेंस ले के देवरिया जात रहनें। गोरखपुर-देवरिया फोरलेन के फॉरेस्ट क्लब के लग्गे अचानक एंबुलेंस में आग लग गइल। ड्राइवर पिंटू शर्मा अउर टेक्नीशियन सरवन कुमार कूदकर पहिले आपन जान बचवलें।

आग के लपटन के बीच बाहर निकलल ऑक्सीजन सिलेंडर

एकरे बाद एंबुलेंस में रखल ऑक्सीजन सिलेंडर कौनो तरह से बाहर निकाल दिहलें। जेकरे वजह से बड़ हादसा होखले से टल गइल। कुछुए देर में पूरा एंबुलेंस जल के राख हो गइल। हादसा के बाद मौका पs पहुंचल फॉयर ब्रिगेड के गाड़ी ने एंबुलेंस के आग बुता देहलें। हालांकि, एंबुलेंस में आग कइसे लागल। ई फिलहाल साफ नइखे हो पवलें।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.