तिरुपति मंदिर में घी सप्लाई करे वाली कंपनी के अधिकारी मुस्लिम? जानीं सांच…

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2024

तिरुपति मंदिर के प्रसाद बनावे में इस्तेमाल होखे वाला घी में जानवरन के चर्बी के इस्तेमाल के मुद्दा तेज हो रहल बा। ओने तिरुपति लड्डू विवाद से जुड़ल एगो स्क्रीनशॉट सोशल मीडिया पर वायरल हो

Share

तिरुपति मंदिर के प्रसाद बनावे में इस्तेमाल होखे वाला घी में जानवरन के चर्बी के इस्तेमाल के मुद्दा तेज हो रहल बा। ओने तिरुपति लड्डू विवाद से जुड़ल एगो स्क्रीनशॉट सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा। दावा कइल गइल बा कि तिरुपति मंदिर में घी सप्लाई करेवाली कंपनी के सभ प्रबंधन अधिकारी मुसलमान हवे।

वायरल होखत ए पोस्ट में इहो दावा कइल गइल बा कि ए कंपनी के सभ अधिकारी पाकिस्तान के हवे। हालांकि मामला के जांच के बाद मामला सोझा आइल बा कि वायरल स्क्रीनशॉट के दावा पूरा तरीका से झूठ आ भ्रामक बा। वायरल होखे वाला अधिकारियन के सूची पाकिस्तानी कंपनी एआर फूड्स प्राइवेट लिमिटेड के हऽ, जबकि तमिलनाडु के एगो कंपनी तिरुपति मंदिर में घी के आपूर्ति करेले।

पाकिस्तान ना, तमिलनाडु कंपनी घी के सप्लाई करत रहे

हाल ही में हिंदुस्तान टाइम्स एगो रिपोर्ट में बतवले रहे कि जुलाई 2023 के बाद तिरुपति मंदिर में घी के आपूर्ति करे वाली कंपनी में तमिलनाडु के एआर डेयरी फूड्स कंपनी शामिल बिया। इ कंपनी तमिलनाडु के डिंडीगुल में इस्थित बा। एह कंपनी में राजशेखकरन आर, सुरिया प्रभा आर आ श्रीनिवास एसआर नाम के तीन गो डायरेक्टर बाड़े।

पीटीआई के दिहल बयान में तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) के कार्यकारी अधिकारी जे श्यामला राव कहले रहली कि प्रीमियर एग्री फूड्स, कृपाराम डेयरी, वैष्णवी, श्री पराग मिल्क आ एआर डेयरी तिरुपति मंदिर बोर्ड के घी आपूर्ति करेवाला कंपनी हऽ।

फर्जी दावा के साथ वायरल हो रहल बा स्क्रीनशॉट

एकरा संगे-संगे गूगल प सोशल मीडिया पs जवना कंपनी के स्क्रीनशॉट वायरल भइल, ओकरा बारे में खोजला के बाद पता चलल कि उऽ पाकिस्तान के हऽ। एहसे साफ हो जाला कि पाकिस्तानी कंपनी के अधिकारी के नाम वाला सूची के फर्जी दावा के संगे वायरल कइल जाता। एकर तिरुपति लड्डू विवाद से कवनो संबंध नइखे।

कंपनी के जारी भइल कारण बताव नोटिस

नोटिस में खाद्य नियामक ‘एआर डेयरी फूड प्राइवेट लिमिटेड’ से पूछले बा कि खाद्य सुरक्षा अवुरी मानक नियमावली 2011 के प्रावधान के उल्लंघन के चलते ओकर केंद्रीय लाइसेंस के निलंबित काहें ना कइल जाव। नोटिस के मुताबिक एफएसएसएआई कहलस कि ओकरा ‘इंस्टीट्यूट ऑफ प्रिवेंटिव मेडिसिन’, मंगलागिरी (आंध्र प्रदेश) के निदेशक से जानकारी मिलल बा कि डिंडीगुल के ए आर डेयरी फूड प्राइवेट लिमिटेड तिरुमाला तिरुपति देवस्थानम (टीटीडी) के घी के आपूर्ति पिछला चार साल से करत आइल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.