अखिल भारतीय आमंत्रण प्राइजमनी फुटबॉल चैंपियनशिप: यूपी आ कश्मीर के बीच उद्घाटन मुकाबला काल्ह

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 16, 2024

गोरखपुर। 17 से 24 दिसंबर तक रीजनल स्पोर्ट्स स्टेडियम में आयोजित होखे जा रहल अखिल भारतीय आमंत्रण प्राइजमनी फुटबॉल चैंपियनशिप प्रतियोगिता के उद्घाटन मुकाबला 17 दिसंबर के उत्तर प्रदेश संयुक्त छात्रावास आ नावेल्टी कश्मीर के

Share

खिल भारतीय आमंत्रण प्राइजमनी फुटबॉल चैंपियनशिप प्रतियोगिता के उद्घाटन मुकाबला 17 दिसंबर के उत्तर प्रदेश संयुक्त छात्रावास आ नावेल्टी कश्मीर के बीच खेलल जाई

गोरखपुर। 17 से 24 दिसंबर तक रीजनल स्पोर्ट्स स्टेडियम में आयोजित होखे जा रहल अखिल भारतीय आमंत्रण प्राइजमनी फुटबॉल चैंपियनशिप प्रतियोगिता के उद्घाटन मुकाबला 17 दिसंबर के उत्तर प्रदेश संयुक्त छात्रावास आ नावेल्टी कश्मीर के बीच खेलल जाई। दु बजे से सुरू होखे वाला एह मुकाबला के लेके तइयारी जोरन पs बा। कश्मीर के टीम अतवार के देर रात गोरखपुर पहुंच गइल बा। ओहिजा, उत्तर प्रदेश आ आउर टीम सोमार आ मंगर तक पहुंच जइहें सs।

एह कृष्ण भजन के एक बेर जरुर सुनीं: Bhor Bhail Mohan|भोर भइल मोहन| @theshalinidubey |folk | Krishna Bhajan | Yayawari Via Bhojpuri|

गौर करे वाला बात बा कि गोरखपुर, अखिल भारतीय आमंत्रण प्राइजमनी फुटबॉल चैंपियनशिप के मेजबानी दूसरका बेर कs रहल बा। साल 2018 में एह प्रतियोगिता के गोरखपुर में सफलता पूर्वक आयोजन हो चुकल बा। एह बार के आयोजन के भव्य आ आकर्षक बनावे के लेके खेल विभाग के तइयारी अंतिम पड़ाव पs है। फुटबॉल के मानकन के अनुसार गोलपोस्ट आ मैदान के तइयार करे खातिर ग्राउंड स्टाफ लगातार काम में जुटल बा लो।

आज तय होई मुख्य अतिथि के नाम

हालांकि, प्रतियोगिता के उद्घाटन आ समापन सत्र खातिर मुख्य अतिथि सहित आउर अतिथि लोगन के नाम अभी तय नइखे कइल जा सकल। दरअसल,  16 दिसंबर से उत्तर प्रदेश विधानसभा के शीत सत्र शुरू हो रहल बा। खेल विभाग के कोसिस मुख्य अतिथि के रूप में प्रदेश के कवनो मंत्री के बुलावे के बा। सुभारंभ आ समापन समारोह के अतिथियन के नाम आज सांझ के तय होई।

विजेता के मिली 2 लाख रूपिया के इनामी राशि

प्रतियोगिता में सीआरपीएफ जालंधर, नावेल्टी कश्मीर, कम्बाइंड हॉस्टल यूपी, बीएसएफ सिलीगुड़ी, लुका सॉकर केरल, मां कामाख्या स्पोर्टिंग बक्सर, उत्तर प्रदेश फुटबॉल संघ, पंजाब पुलिस, एफसीआई दिल्ली, उत्तराखंड एकादश, सहारा फुटबॉल क्लब, केरल पुलिस के टीम प्रतिभाग करिहें सs। एह टीमन के दु भागन में बांटल गइल बा। प्रतियोगिता के विजेता के दु लाख, उप विजेता के एक लाख आ तीसरका स्थान पs रहे वाली टीम के 50 हजार रुपिया के पुरस्कार राशि मिली।

प्रतियोगिता के लेके तइयारी अंतिम चरण में बा। बाहर से आ रहल टीमन के स्वागत करे खातिर अलग-अलग लोगन के जिम्मेदारी दिहल गइल गइल बा। उद्घाटन आ समापन सत्र के मुख्य अतिथि के नाम आज तय हो जाई।

आले हैदर, क्षेत्रीय क्रीड़ाधिकारी

इहो पढ़ीं: Bhojpuri Award: पवन सिंह से निरहुआ ले एह भोजपुरी स्टार्स के उदित नारायण से मिलल अवॉर्ड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.