India-Pakistan Conflict: अस्थायी रूप से बंद सभ 32 एयरपोर्ट्स फेर से खोलल गइल, उड़ान भर सकेले पैसेंजर प्लेन

By Anurag Ranjan

Published on: May 12, 2025

भारत आ पाकिस्तान के बीच टकराव बढ़ला के चलते बंद उत्तर आ पश्चिमी भारत के 32 गो हवाई अड्डा तुरते प्रभाव से खुल गइल बा. एह संबंध में एगो नोटम (वायुसेना के सूचना) जारी कइल

Share

भारत आ पाकिस्तान के बीच टकराव बढ़ला के चलते बंद उत्तर आ पश्चिमी भारत के 32 गो हवाई अड्डा तुरते प्रभाव से खुल गइल बा. एह संबंध में एगो नोटम (वायुसेना के सूचना) जारी कइल गइल बा। संगही, 25 गो हवाई मार्ग के फेर से खोल दिहल गईल बा। एकरा से पहिले भारतीय हवाई अड्डा प्राधिकरण (एएआई) अवुरी बाकी विमानन नियामक भारत के सीमावर्ती इलाका के 32 हवाई अड्डा के अस्थायी तौर प बंद करे खाती नोटाम जारी कईले रहले। परिचालन के कारण से उड़ान बंद हो गईल रहे अवुरी 9 मई से 15 मई ले निलंबन प्रभावी रहे।अब भारतीय हवाई अड्डा प्राधिकरण के कहनाम बा कि अस्थायी तौर पs बंद हवाई अड्डा के तुरंत प्रभाव से खोल दिहल गईल बा।

ई हवाई अड्डा बंद कs दिहल गइल

अस्थायी तौर पs बंद होखेवाला हवाई अड्डा में चंडीगढ़, श्रीनगर, अमृतसर, लुधियाना, भुंतर, किशनगढ़, पटियाला, शिमला, धर्मशाला अवुरी बठिंडा जईसन प्रमुख हवाई अड्डा शामिल रहे। एकरा अलावे जैसलमेर, जोधपुर, लेह, बीकानेर, पठानकोट, जम्मू, जामनगर अवुरी भूज जईसन सामरिक रूप से महत्वपूर्ण जगह पस हवाई अड्डा भी अस्थायी तौर पs बंद कs दिहल गईल।

इहो पढ़ीं: पाकिस्तानी सेना भारत पs कइलस फायरिंग, LoC पs भारतीय सेना  दिहलस मुंहतोड़ जवाब

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.