Gorakhpur News: रेलवे स्टेशन पs अलर्ट, देर रात श्रद्धालअन के उमड़ रहल बा भीड़- सबेरे अधिकारी लिहल लो जायजा

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 16, 2025

गोरखपुर: रेलवे स्टेशन पs सनीचर के देर रात प्रयागराज महाकुंभ जाये वाला श्रद्धालुअन के बड़ भीड़ जुट गइल। रेल प्रशासन आनन-फानन में स्पेशल ट्रेन चलाके श्रद्धालुअन के रवाना कइलस। भीड़ के नियंत्रित करे खातिर जीआरपी

Share

गोरखपुर: रेलवे स्टेशन पs सनीचर के देर रात प्रयागराज महाकुंभ जाये वाला श्रद्धालुअन के बड़ भीड़ जुट गइल। रेल प्रशासन आनन-फानन में स्पेशल ट्रेन चलाके श्रद्धालुअन के रवाना कइलस। भीड़ के नियंत्रित करे खातिर जीआरपी आ आरपीएफ के खासा मशक्कत करे के पड़ल। रात करीब पौने दु बजे चौरीचौरा स्पेशल चलाके श्रद्धालुअन के भेजल गइल।

ओने, दिल्ली में भगदड़ के दौरान भइल मौत के बाद रेलवे स्टेशन पs अलर्ट घोषित कs दिहल गइल ना। जानकारी के मोताबिक, सनीचर के दिन में प्रयागराज जाये वाला ट्रेनन में भीड़ ना रहे, बाकिर रात आठ बजे के बाद भीड़ बढ़ल सुरू भइल। स्पेशल ट्रेन चलाके श्रद्धालुअन के भेज दिहल गइल।

बाकिर रात करीब 12 बजे के बाद स्टेशन पs श्रद्धालुअन के भीड़ बढ़े लागल आ रात करीब एक बजे भीड़ बढ़ गइल आ दुगो स्पेशल ट्रेन प्लेटफॉर्म पs खड़ा कs के श्रद्धालुअन के बइठावल गइल। भीड़ के संभारे खातिर जीआरपी आ आरपीएफ के जवान जुटल रहल लो। सबसे अंतिम ट्रेन चौरीचौरा स्पेशल रवाना कइल गई तब जाके इस्थिति सामान्य भइल।

Read Also: Gorakhpur News: सड़क हादसा में 2 के मौत, नेपाल के तीन लोग घायल- जात रहे लो महाकुंभ

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.