डीपफेक स्कैंडल के भंवर में फसले खिलाड़ी अक्षय कुमार , सुपरस्टार के आवाज आ चेहरा के संगे बनल झूठ विज्ञापन के वीडियो

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2024

अक्षय कुमार भइले डीपफेक स्कैंडल के शिकार, सुपरस्टार के आवाज आ चेहरा के संगे झूठ विज्ञापन के वीडियो बनल।हाले में एगो वीडियो सामने आइल बा, जेहमे सुपरस्टार एगो गेम एप्लिकेशन के प्रमोट करत दिखत बाड़े।एह

Share

अक्षय कुमार भइले डीपफेक स्कैंडल के शिकार, सुपरस्टार के आवाज आ चेहरा के संगे झूठ विज्ञापन के वीडियो बनल।हाले में एगो वीडियो सामने आइल बा, जेहमे सुपरस्टार एगो गेम एप्लिकेशन के प्रमोट करत दिखत बाड़े।एह घरी एआई के दौर बा, जेकर कुछ फायदा बा तs कुछ नुकसानो नजर आवत बा। आए दिन सेलेब्रिटीज डीप फेक वीडियो बनावे वाला के निशाना पs आवत बाड़े। अब बॉलीवुड के खिलाड़ी अक्षय कुमार एगो डीपफेक स्कैंडल के निशाना पs एगो वीडियो ऑनलाइन सामने आइल बा, जेमें सुपरस्टार एगो गेम एप्लिकेशन के बढ़ावा देत बाड़े।

कंपनी के खिलाफ भइल साइबर शिकायत दर्ज

सूत्र से खबर आइल , ” खिलाड़ी कुमार कबो अइसन गतिविधि के प्रचार में शामिल ना भइल बाड़े। एह वीडियो के स्रोत के जांच होत बा, झूठा विज्ञापन खातिर अभिनेता के पहचान के दुरुपयोग करेला कानूनी कार्रवाई चल रहल बा। एह फर्जी वीडियो के बनावे आ प्रचारित करे खातिर सोशल मीडिया हैंडल आ कंपनी के खिलाफ साइबर शिकायत दर्ज कर देवल गइल बा।”

कइसन बा इs वीडियो

एआई जनरेटेड वीडियो में अक्षय कहत दिख रहल बाड़े, “का रउवा के खेल खेलल पसंद बा? हम रउवा के सलाह देत बानी की रउवा एह एप्लिकेशन के डाउनलोड कs आ एविएटर गेम आजमाइ। एह दुनिया भर में लोकप्रिय स्लॉट बा, जेकरा के लोग इहा खेलेला। हम कैसीनो के खिलाफ नाही जबकि दोसर खिलाड़ियन के खिलाफ खेलत बानी।”

एह वीडियो के देखके कए यूजर्स एकर असलियत समझ गइले आ कमेंट में एकरा बारे में दोसरा के अलर्ट भी कईले। एक आदमी कमेंट सेक्शन में लिखले, ‘फर्जी अलर्ट’ एगो दोसर प्रशंसक कहले, “डीप फेक”।

एह बात से परेशान भइले अक्षय कुमार 

बता दी कि एकरा से पहिले, इंटरनेट पs रश्मिका मंदाना, नोरा फतेही, कैटरीना कैफ, काजोल आ क्रिकेटर सचिन तेंदुलकर जइसन अभिनेता लोग के डीप फेक वीडियो वायरल हो चुकल बा।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.