Akanksha Dubey: भोजपुरी अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के आत्महत्या खातिर उकसावे के आरोपी गायक समर सिंह गिरफ्तार

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 7, 2023

भोजपुरी अभिनेत्री आकांक्षा सिंह के आत्महत्या खातिर उकसावे के आरोपी गायक समर सिंह के वाराणसी कमिश्नरेट के क्राइम ब्रांच गाजियाबाद से गिरफ्तार कइले बा। ओकरा के अदालत में पेश कs के ट्रांजिट रिमांड पs वाराणसी

Share

भोजपुरी अभिनेत्री आकांक्षा सिंह के आत्महत्या खातिर उकसावे के आरोपी गायक समर सिंह के वाराणसी कमिश्नरेट के क्राइम ब्रांच गाजियाबाद से गिरफ्तार कइले बा। ओकरा के अदालत में पेश कs के ट्रांजिट रिमांड पs वाराणसी ले आवाल जाये के तइयारी कइल जा रहल बा। ओहिजा, प्रकरण के दूसरका आरोपी संजय सिंह के तलाश जारी बा।

बता दीं कि भोजपुरी अभिनेत्री आकांक्षा दुबे के आत्महत्या खातिर उकसावे के आरोपी गायक समर सिंह आ संजय सिंह के खिलाफ अदालत बियफे के गैर जमानती वारंट (एनबीडब्ल्यू) जारी कइले रहे। दुनो आरोपियन के खिलाफ कुर्की के वारंट प्राप्त करे खातिर अदालत में कमिश्नरेट के पुलिस के ओर से प्रार्थना पत्र दिहल गइल रहे। जेमे आरोपी गायक समर सिंह के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा ओहिजा पुलिस दूसरका आरोपी संजय सिंह के तलाश में जुटल रहे।

आकांक्षा दुबे के खुदकुशी के सूचना पs पहुंचल पुलिस – फोटो : अमर उजाला

भोजपुरी अभिनेत्री आकांक्षा दुबे बीतल 26 मार्च के सारनाथ क्षेत्र इस्थित एगो होटल के कमरा में मृत मिलल रहे। आकांक्षा दुबे के आत्महत्या खातिर उकसावे के आरोप में भोजपुरी गायक समर सिंह आ ओकर भाई संजय सिंह के खिलाफ सारनाथ थाना में 27 मार्च के मुकदमा दर्ज कइल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.